[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आज राम नगरी में, हजारन मेहमानन के सामने करिहें राम यंत्र के स्थापना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या। वर्ष प्रतिपदा के सुभ मवका पs आज बियफे के दिन श्रीराम जन्मभूमि मंदिर एगो नया इतिहास के गवाह बने जा रहल बा। देस के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु  मंदिर के दूसरका तल पs अभिजीत मुहूर्त (11:55 बजे) पs श्रीराम यंत्र के स्थापना आ पूजन करिहें। एह खास मवका पs करीब सात हजार मेहमान मवजूद रही लोग।

राष्ट्रपति के आगमन करीब 11 बजेमहर्षि वाल्मीकि अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs होई, जहां से ऊ सड़क के रास्ता से मंदिर परिसर पहुंचिहें। अयोध्या में उनकर प्रवास करीब चार घंटा के रही। सुरक्षा के मद्देनजर भारी गाड़ियन के शहर में घुसला पs रोक लगा दिहल गइल बा।

कार्यक्रम में कइयन गाे बड़ नेता लाेगन के रही मवजूदगी

एह पावन मौका पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, राज्यपाल आनंदीबेन पटेल, राम मंदिर ट्रस्ट के पदाधिकारी आ कइयन गो धर्मगुरु मवजूद रही लोग। यंत्र स्थापना के बाद राष्ट्रपति राम परिवार के दर्शन-पूजन आ आरती करिहें आ बाद में महर्षि वाल्मीकि, माता शबरी आ निषादराज के मंदिर में दर्शन करिहें।

ऐतिहासिक जुड़ाव: दान से लेके यंत्र स्थापना तक

राम मंदिर निर्माण से राष्ट्रपति पद के खास जुड़ाव रहल बा। पहिले पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद 5 लाख 100 रुपिया के दान देके अभियान के सुरुआत कइले रहलें। अब द्रोपदी मुर्मु यंत्र स्थापना कs के एह परंपरा के आगे बढ़ा रहल बाड़ी।

निधि समर्पण अभियान 2021 में चलल, जवना में 2500 करोड़ से जादे दान जुटावल गइल। एमे हर वर्ग के लोग- रिक्शा चालक से लेके उद्योगपति तक- आपन जोगदान दिहल।

भारी सुरक्षा बेवस्था

राष्ट्रपति के दौरा के देखत पूरा अयोध्या के सुरक्षा 13 जोन आ 37 सेक्टर में बांटल गइल बा। करीब 3000 सुरक्षाकर्मी तैनात कइल गइल बा लोग, जवना में पुलिस, पीएसी, एटीएस आ NSG के स्नाइपर कमांडो सामिल बा लोग।

देस-दुनिया देखी लाइव प्रसारण

एह भव्य कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई, ताकि देस-बिदेस में बइठल श्रद्धालु एह ऐतिहासिक पल के साक्षी बन सके लाेग।

Read Also: Facebook Down : X के बाद फेसबुक भइल डाउन? फीड नइखे हो रहल लोड, यूजर परेसान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]