[the_ad_group id="30365"]

फ्रांस-क्रोएशिया एक संगे सेमीफाइनल में जगह बना के रचलस इतिहास, पिछले 32 साल में पहिला बेर भइल अइसन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फीफा विश्व कप के 92 साल के इतिहास में अइसन संयोग खाली एक बेर बनल बा, जब पिछला बेर के फाइनलिस्ट टीम एक संगे विश्व कप के सेमीफाइनल में प्रवेश कइलें चाहे टॉप चार टीम में स्थान बनवले बानें। गत विजेता फ्रांस अउर उपविजेता क्रोएशिया दूनों एह बेर सेमीफाइनल में पहुंचल बा।

एहसे पहिले अइसन 32 साल पहिले भइल रहे जब 1986 के विजेता अर्जेंटीना अउर उपविजेता पश्चिम जर्मनी 1990 के विश्व कप में एक संगे सेमीफाइनल में गइल। इहे नाइ, ओ दौरान ई दूनों टीम फाइनलो में जगह बनवलस, जहां दिग्गज लोथार मथायस के कप्तानी में पश्चिम जर्मनी महान डिएगो माराडोना के अगुवाई वाली अर्जेंटीना के 1-0 से हरा के न खाली खिताब जीतलस बलुक 1986 के फाइनल के हार के बदलो ले लिहलस।

2018 फीफा विश्व कप के फाइनल में क्रोएशिया अउर फ्रांस के टीम भिडल रहे

फ्रांस-क्रोएशिया के सोझे 1990 के उपलब्धि दोहरावे के चुनौती
कौनो अचरज से कम नइखे कि फीफा विश्व कप के इतिहास में पिछला बेर के फाइनलिस्ट टीम के अगिले विश्व कप में एक संगे सेमीफाइनल में पहुंचे के खाली दूसरा मौका ह। अइसे में देखे वाला बात ई होई कि फ्रांस अउर क्रोएशिया एहूं बेर फाइनल में पहुंचले के उपलब्धि हासिल कर पावतिया कि नाइ।

पिछला बेर 1990 में जब अइसन भइल रहे तब अर्जेंटीना केबत अउर पश्चिम जर्मनी फाइनल में गइल रहल। 1986 के फाइनल में माराडोना के अगुवाई में अर्जेंटीना पश्चिम जर्मनी के 3-2 से हरवले रहल, लेकिन 1990 के फाइनल में पश्चिम जर्मनी अर्जेंटीना के आंद्रियास ब्रेहमे के गोल के बदौलत हरवलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]