Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MAR Vs ESP: स्पेन के सपना तुड़ मोरक्को रचलस इतिहास, पहिला बेर अंतिम-8 में पहुंचल

713

FIFA World Cup 2022: अपना गोलकीपर के दमदार खेल के दम पर मोरक्को फुटबॉल टीम ने मंगर के रोमांचक मुकाबला में स्पेन के मात देके राउंड-16 के मैच में हरा देलस आ फीफा विश्व कप-2022 के क्वार्टर फाइनल में प्रवेश कs लेलस।

तय समय में दुनो टीम एको गोल ना मार सकल। इंजुरियो टाइम में दुनो टीम खाली हाथ रहल जवना के बाद मैच अतिरिक्त समय में गइल। गोल ना हो सकल आ फेर मैच पेनल्टी शूट आउट में गइल आ मोरक्को के गोलकीपर यासिने बोनो इहां दमदार खेल देखावत स्पेन के लगातार तीन पेनल्टी रोक टीम के जीत दिलवलें। मोरक्को ई मैच 3-0 से जीतलें।

मोरक्को पहिला पहली बेर विश्व कप के क्वार्टर फाइनल में जगह बनवले बा। मोरक्को पहिला पेनल्टी लेलस आ अब्लेहामिद साबिरी गोल कs देलें। एकरा बाद स्पेन के कार्लोस सोलेर पेनल्टी मिस कर गइलें। फेर हाकिम जिएक गोल कs के मोरक्को के 2-0 से आगे कs देलें। एकरा बाद फेर स्पेन पेनल्टी मिस कs देलस। फेर मोरक्को पेनल्टी मिस कइलस। अगिलको पेनल्टी स्पेन मिस कs देलस। मोरक्को अगिला पेनल्टी के गोल में बदलके जीत हासिल कइलस।

अइसन रहल पहिला हाफ

स्पेन पहिला हाफ में धैर्य के साथे फुटबॉल खेलल। ओहिजा मोरक्को के टीम के लगे बॉल पजेशन जादे रहल बाकिर एकरा बादो ऊ एकर फायदा ना उठा पवलस। मोरक्को आक्रामक खेल से स्पेन के बैकफुट पर रखलस। स्पेन के मोरक्को जादे मवका ना देलस। पूरा हाफ में मोरक्को के डिफेंस बेहतरीन खेल देखवलस। मोरक्को एह हाफ में काउंटर के रणनीति अपनावत लउकत रहे बाकिर सफलता ओकर तब्बो ना मिलल। दुनो टीम ने मवकन के बनावे के कोसिस कइलस जवना के अंजाम तक ना पहुंचा सकल।

स्पेन खातिर एह हाफ में सबसे बड़ आ इकलौता मवका 27वां मिनट में आइल जब अल्बा असेंसियो के गेना दे लें। ऊ गोलकीपर के वन टू वन छका किक मरले बाकिर उनकर शॉट साइड नेट में चल गइल। ओहिजा 33वां मिनट में मोरक्को एह हाफ के आपन सबसे अच्छा मवका बनवलस बाकिर स्पेन के गोलकीपर सिमोन टोरेस के झन्नाटेदार शॉट के रोक लेलें।

मोरक्को के डिफेंस ने देखवलस कमाल

दूसरका हाफ में दुनो टीम गोल खातिर उतावला रहे। इहां स्पेन बेसी आक्रामक दिखल। ऊ लगातार मवका बनवलस आ मोरक्को के घेरा में प्रवेश कइलस। मोरक्को के मुस्तैद डिफेंस स्पेन खातिर लगातार रोड़ा बनता रहल। 63वां मिनट में स्पेन एगो बदलाव कइलस आ असेंसियो के बाहर कs के अल्वारो मोराटा के उतरलस। एकरा अलावे गावी के बाहर कs के कार्सोल सोलेर के मैदान पर भेजलस। स्पेन लगातार मोरक्को के घेरा के लगे जात रहे बाकिर ओकर डिफेंस के भेद ना पावत रहे।

एही बीच 73वां मिनट में आयमेरिक लापोर्टे के येलो कार्ड मिलल जवन एह मैच के पहिला रहे। 86वां मिनट में मोरक्को के लगे गोल करे के मौका आइल। हकिमी क्रॉस शॉट ले गेंद चेडिरा के देले, ऊ स्पेन के डिफेंडर के सोझा से गेंद को निकाले के चहलें जवना में ऊ असफल रह गइलें। 89वां मिनट में मोराटा स्पेन के खातिर एगो आउर कोसिस कइलें जवना के मोरक्को के डिफेंस जाया कर देलस। इंजुरी टाइम के आखिरी मिनट में स्पेन के लगे लगातार दु गो मवका आइल बाकिर दुनूये मवका पर ई टीम फेल हो गइल।

403560cookie-checkMAR Vs ESP: स्पेन के सपना तुड़ मोरक्को रचलस इतिहास, पहिला बेर अंतिम-8 में पहुंचल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.