[the_ad_group id="30365"]

बेटा बाड़ें जेकर फैन, इंग्लैंड के ओह फुटबॉल क्लब के किनिहें मुकेश अंबानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इग्लैंड के कइयन गो फुटबॉल क्लब हाले में बेचाये खातिर तइयार बा। एमे कइयन गो दिग्गज क्लबन के नाम बा जेमे मैनचेस्टर युनाइटेड आ लिवरपूल के नाम सामिल बा। एह क्लबन के जवन मवजूदा क्लब बा ऊ सही कीमत पर आपन अधिकार बेचे ला तइयार बा।

अइसन में खबर बा कि भारत के दिग्गज बिजनेसमैन मुकेश अंबानी इंग्लैंड के फुटबॉल क्लब के किने में दिलचस्पी देखा रहल बाड़ें। अंबानी के रूचि नॉर्थ लंदन इस्थित आर्सेनल के किने में बा, मैनचेस्टर युनाइटेड आ लिवरपूल के किने में ना।

ग्लेजर परिवार तीन हफ्ता पहिलही बतवले रहे कि ऊ मैनचेस्टर युनाइटेड में आपन भागीदारी बेचल चाहत बाड़ें। जदि अइसन होत बा तs उनकर 17 साल से चलल आ रहल मालिकाना हक खतम हो जाई। एकरा बादे अंबानी के एह क्लब के किने के खबर आइल रहे। बाकिर अब खबर बा कि अंबानी आर्सेनल के किनल चाहत बाड़ें।

बेटा हs क्लब के फैन

द एथलेटिक के रिपोर्ट के मोताबिक, अंबानी के बेटा आकाश आर्सेनल के बड़ फैन बाड़ें। लंदन इस्थित क्लब इकलौता क्लब हs। जवना के अंबानी परिवार किने में दिलचस्पी दिखा सकत बा, जदि ई परिवार इंग्लैंड के फुटबॉल जगत में कूदत बा तs फेनवे स्पोर्ट्स ग्रुप जइसही लिवरपूल को बेचे के बात कहले रहस तबो खबर रहे कि अंबानी एह क्लब के किन सकत बा। एह रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि भारत के क्रिकेट के अलावा बाकी खेलन में निवेश के भूख बढ़ रहल बा आ दुनिया के 10वां सबसे अमीर आदमी एह प्रोजेक्ट में दिलचस्पी दिखा रहल बा।

एह समय आर्सेनल में सबसे जादे हिस्सेदारी क्रोनके स्पोर्ट्स आ इंटरटेनमेंट के लगे बा। अब देखे के बा कि का अंबानी एह क्लब के किनत बाड़ें कि ना।

भारत में सुरू के लीग

भारत में पेशेवर फुटबॉल लीग खेलल जाला जेकर नाम इंडियन सुपर लीग बा। एह लीग के सुरुआत अंबानी के रिलायंस ग्रुप कइले रहे। उनकर पत्नी नीता अंबानी एह लीग के कर्ता-धर्ता बा। भारत के क्रिकेट लीग आईपीएल में रिलायंस ग्रुप टीम किनल बा आ एकर नाम मुंबई इंडियंस बा। अंबानी के बेटा मुंबई के टीम के देखरेख कर रहल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]