[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में पूर्व प्रधान अउरी बसपा नेता कइलें आत्महत्या, पत्नी से विवाद के बाद अपना के मार लिहलें गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला के गौरी बाजार थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गांव में बियफ़े के रात में पूर्व प्रधान अउरी बसपा नेता लाइसेंसी रिवाल्वर से गोली मार के आत्महत्या कs लेहलें। गोली के आवाज सुनतही परिजन मौका पs पहुंचलें त उ मृत अवस्था में पड़ल रहलें। सूचना मिलतही पुलिस भी मौका पर पहुंचल। पुलिस रिवाल्वर के कब्जा में ले लिहलस अउर मामला के जांच पड़ताल में जुट गइल रहे।
बैतालपुर विकास खंड के जगदीशपुर गांव के रहे वाले पूर्व प्रधान अउरी वरिष्ठ बसपा नेता ओमप्रकाश पासवान करीब चार-पांच दिन बाद गुरुवार के रात घरे आइल रहनें।  घर पर नहइला के बाद कौनो बात के ले के पत्नी से विवाद हो गइल। दूनों के बीच नोकझोंक भइल अउर आधी रात के 12 बजे अपने लाइसेंसी रिवाल्वर से अपना के गोली मार के आत्महत्या कs लिहलें।
घटना के जानकारी होतही परिवार वाले रोए लगनें अउर आसपास के लोग मौका पर पहुंचल गइल। एही बीच जानकारी गौरी बाजार के एसओ विपिन मलिक के देहल गइल। उ मौका से लाइसेंसी रिवाल्वर के कब्जा में ले लिहलें। एसओ बतवलें कि मामला के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा। उ अइसन कदम काहें उठवलें एकर जांच कइल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]