LOVE STORY: प्रेमिका से मिले पहुंचल प्रेमी, जानीं, फेर अइसन का भइल कि प्रेमी पहुंच गइल अस्पताल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2022

प्रेम-प्रसंग में एगो जुवक के कमरा में बंधक बनाके बेरहमी से पिटाई करे के ममिला सामने आइल बा। ई घटना मीरगंज थाना क्षेत्र के गौरूप समइल गांव के हs। घायल युवक के गंभीर हालत में

Share

प्रेम-प्रसंग में एगो जुवक के कमरा में बंधक बनाके बेरहमी से पिटाई करे के ममिला सामने आइल बा। ई घटना मीरगंज थाना क्षेत्र के गौरूप समइल गांव के हs। घायल युवक के गंभीर हालत में इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां डॉक्टर ओकर गंभीर हालत देखत गोरखपुर रेफर कs दिहल लो।

घटना के संबंध घटना के संबंध में स्थानीय लोग बतावल कि मीरगंज थाना क्षेत्र के गौरूप समइल गांव निवासी स्व. जगदीश दुबे के 22 बरिस के लईका जितेश दुबे के एगो लईकी से बहुते दिन से प्रेम प्रसंग चलत रहे। दुनो परिजनन से छुप-छुप के मिलल करत रहे आ लोगन से नजर बचाके फोन पs बात कइल करत रहे लो। कवनो तरे एकर भनक प्रेमिका के परिजनन के लाग गइल। कहल जा रहल बा कि प्रेमिका के परिजन लोग ओकरा के अपना घरे बोलावल आ ओकरा के घर में बंद के जमके पिटाई कs दिहल लो।

मारपीट में गंभीर रुप से जुवक के जख्मी होखला पs प्रेमिका के परिजन लोग पुलिस के फोन कs के ओकरा के चोर बताके पुलिस के हवाले कs दिहल। मवका पs पहुंचल पुलिस जख्मी जुवक के इलाज खातिर सदर अस्पताल में पहुंचल जहां जुवक के गंभीर स्थिति के देखत गोरखपुर भेज दिहल गइल बा। ओहिजा घटना के बाद जुवक के परिजनन के रो-रोके बुरा हाल बा।

ओने, एह घटना के संबंध में पुलिस कहलस कि ई पूरा ममिला प्रेम-प्रसंग के हs। बाकिर लईकी के परिजन बहुते चलाकी से एह घटना के चोरी में तब्दील कs देले बा लो। पुलिस पूरा ममिला के जांच कर रहल बिया।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.