[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेसी नेता के बिगड़ल बोल, मोदी के हत्या कइले के बादे हो सकsला भला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता अउर पूर्व मंत्री राजा पटेरिया पन्ना में ‘पीएम के हत्या’ के बात कहि के नयका बवाल ठाढ़ कs दिहले बानें। अइसन कह के ऊ भाजपा नेता लोग के निशाना पर आ गइल बानें। हालांकि, जब एह मामिला में विवाद बढ़ल त राजा पटेरिया सफाई दिहलें कि “हम हत्या करे के बात नाइ कहनीं, बलुक अगिले चुनाव में मोदी के हरवले के बात कहले रहनीं। फ्लो फ्लो में अइसन हो जाला।” एह मामिला में गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा पुलिस के उनके खिलाफ एफआईआर दर्ज करे के निर्देश दिहले बानें।

राजा पटेरिया अतवार के पन्ना में कांग्रेस के एगो कार्यक्रम में कार्यकर्ता लोग से बातचीत करत रहनें। वायरल वीडियो के अनुसार एहमें ऊ कहत बानें कि ‘मोदी इलेक्शन खतम कs देई। मोदी धर्म, जाति, भाषा के आधार पर बांट देई। दलितन के, आदिवासियन के, अल्पसंख्यकन के भारी जीवन खतरा में बा। संविधान के अगर बचावे के बा त मोदी के हत्या करे खातिर तैयार रहs जा, हत्या इन द सेंस हरवले के काम करs जा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]