[the_ad_group id="30365"]

Cabinet Decision: का हs ‘नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन’ जवना के केंद्रीय कैबिनेट के मिलल मंजूरी, इहां जानीं सबकुछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Cabinet Decision: केंद्र सरकार बुध के ‘नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन’ (National Green Hydrogen Mission) के मंजूरी दे देलें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल केंद्रीय कैबिनेट के बैठक में एकर मंजूरी दिहल गइल बा।

कैबिनेट बैठक के बाद केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर (Anurag Thakur) प्रेस कॉन्फ्रेंस में एकर जानकारी देलें। ‘नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन’ के तहत 2030 तक सालाना 50 लाख टन हरित हाइड्रोजन के उत्पादन कइल जाई।

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बतवलें कि क्रेता-विक्रेता (Buyer-Sellers) के एगो प्लेटफॉर्म पs ले आवे खातिर हरित हाइड्रोजन केंद्र विकसित कइल जाई। ऊ कहलें कि देस में इलेक्ट्रोलाइजर विनिर्माण के लेके पांच साल खातिर प्रोत्साहन दिहल जाई। ऊ बतवलें कि ‘नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन’ के तहत 19,744 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई।

अनुराग ठाकुर बतवलें कि नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन खातिर 19,744 करोड़ रुपिया के मंजूरी दिहल गइल बा। एह मिशन से 8 लाख करोड़ रुपिया के सीधा निवेश होई। 6 लाख नौकरी एकरा से मिली। 50 मिलियन टन ग्रीन हाउस उत्सर्जन के कम कइल जाई। ग्रीन हाइड्रोजन के हब के विकसित करे खातिर 400 करोड़ के प्रावधान कइल गइल बा।

(इनपुट: ANI, PTI)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]