[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: आंबेडकर जनमोर्चा आंदोलन में सामिल बिदेसी नागरिक गिरफ्तार, आईबी कइल पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कमिश्नर कार्यालय पs आंबेडकर जनमोर्चा के बैनर तले चल रहल आंदोलन के दौरान मंगर के वीडियो बनावत आ बातचीत करत फ्रांस के एगो नागरिक के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया। आरोपी के खिलाफ पुलिस विदेशी अधिनियम के धारा 1946 के तहत केस दर्ज कइले बिया। आईबी के टीम ओकरा से पूछताछ कइले बिया। देर सांझ ओकरा के अदालत में पेश कs के जेल भेज दिहल गइल।

बिदेसी नागरिक के पकड़ल गइला के सूचना बिदेस मंत्रालय के भेजले गइल बा। सुरुआती पूछताछ में बिदेसी नागरिक आंदोलन से कवनो सरोकार ना होखे के बात कहले बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ डाक्यूमेंट्री खातिर वीडियो बनावत रहे। बिदेसी नागरिक के लगे जवन वीजा मिलल बा ऊ खाली धनबाद खातिर वैध बा। एह वीजा आ पासपोर्ट से ऊ गोरखपुर ना आ सकत रहे। आंदोलन के बिदेसी फंडिंग के आशंका जतावल जात रहे।

कलक्ट्रेट चौकी प्रभारी अभिषेक सिंह पुलिस के दिहल तहरीर में लिखले बाड़ें कि 10 अक्तूबर के कमिश्नर के कार्यालय परिसर में आंबेडकर जनमोर्चा के नेतृत्व में भइल अवैधानिक प्रदर्शन में बिदेसी नागरिक सहभागिता कइलस। ऊ संगठन के पदाधिकारियन के संगे बातचीत कs के तालमेल बनावत रहे। ऊ आपन नाम हेनाल्ड वैलेन्टिन जीन रोजर फ्रांस के निवासी बतवले बा।

बिदेसी नागरिक वैध पासपोर्ट आ वीजा प्रस्तुत कइलस। जांच में पावल गइल कि पासपोर्ट 18 अक्तूबर 2021 के जारी कइल गइल बा। ओकर वैधता 17 अक्तूबर 2031 तक बा। वीजा के वैधता एक अगस्त 2024 तक के बा। वीजा खाली धनबाद में विजिट आ बेयपार खातिर बा। बिदेसी नागरिक बेयपार के शर्तन के उल्लंघन कs के धरनास्थल पs आके सहभागी बनल बा। पुलिस एही आधार पs केस दर्ज कइल गइल बा।

एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर कहलें कि धरनास्थल से गिरफ्तार फ्रांस के नागरिक के लगे जवन पासपोर्ट आ वीजा मिलल बा। ऊ गोरखपुर खातिर वैध नइखे। एह वजह से आरोपी के खिलाफ विदेशी अधिनियम उल्लंघन के केस दर्ज कइल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]