[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका से डिपोर्ट कइल भारतीयन के लेके विदेश मंत्री संसद में दिहले बयान, जानीं का कहले

एस जयशंकर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विदेश मंत्री एस जयशंकर राज्यसभा में देश निकाला के मुद्दा पs जवाब देत कहले कि अवैध तरीका से रहेवाला भारतीय के वापस भेज दिहल गईल। देश निकाला पहिला बेर नइखे भइल.  विदेश मंत्री अपना बयान में पुरान आंकड़ा के भी हवाला देले। उs कहले कि साल 2012 से लोग के सैन्य विमान से देश निकाला के तहत वापस भेजल जाता। उs कहले कि भारतीय के संगे कवनो प्रकार से दुर्व्यवहार ना भईल।  भेजल लोग के टॉयलेट के ब्रेक दिहल गईल।

अमेरिकी सरकार से बातचीत करत बाड़े: विदेश मंत्री

राज्यसभा में बोलत विदेश मंत्री डॉ. एस जयशंकर कहले कि हमनी के अमेरिकी सरकार से बातचीत करत बानी जा कि वापस आवे वाला निर्वासित लोग के कवनो तरह के दुर्व्यवहार ना होखे।  जयशंकर कहले कि अगर गैरकानूनी तरीका से विदेश में रहत मिलल तs अपना नागरिक के वापस ले लिहल सभ देश के जिम्मेदारी बा। 


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]