[the_ad_group id="30365"]

अब नया सिक्का नाहीं बनाई अमेरिका, ट्रंप वित्त मंत्रालय के दिहले निर्देश

डोनाल्ड ट्रंप
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका अब नया सिक्का ना छापी.राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अमेरिकी वित्त मंत्रालय के नया सिक्का ना बनावे के निर्देश दिहले बाड़न. ट्रंप लगातार अमेरिका के अर्थव्यवस्था के मजबूत करे के दिशा में ठोस कदम उठावत बाड़े। ट्रंप कहले कि उs एक सेंट के सिक्का के उत्पादन में लागल लागत के हवाला देत कोषागार विभाग के नया सिक्का बनावल बंद करे के निर्देश देले बाड़े।

अमेरिकी राष्ट्रपति कहले कि, अमेरिका बहुत दिन से अयीसन सिक्का बनावत आईल बा, जवना के कीमत दु सेंट से जादे बा। इs बेमतलब बा।” ट्रंप अतवार के रात ‘ट्रूथ सोशल’ साइट पs एगो पोस्ट में लिखले कि, ”हम अमेरिकी खजाना सचिव के निर्देश देले बानी कि उs नाया सिक्का बनावल बंद करस।” ट्रंप के नयका प्रशासन लागत में कटौती पs ध्यान दे रहल बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

ट्रम्प कहले – सिक्का बजट के बर्बाद कs रहल बा

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के मानल ​​बा कि सिक्का छपे में अधिका खरचा होला. एह से ओह लोग के कवनो जरूरत नइखे. एकरा के छपवावे में अमेरिका के बजट बरबाद हो रहल बा. ट्रंप कहले कि उs कचरा के रोकल चाहतारे। ट्रंप अपना सोशल मीडिया ट्रूथ सोशल अकाउंट पs लिखले बाड़न कि, “चली हमनी के राष्ट्र के बजट के बर्बादी खतम कs दिहल जाव, भले ऊ महज एक पइसा के होखे. ट्रम्प के लक्ष्य अमेरिका के अर्थव्यवस्था के मजबूत कइल बा. ओह लोग के लागत बा कि सिक्का के छपाई ओकरा से मिले वाला आमदनी के दुगुना लागत बा.”

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]