[the_ad_group id="30365"]

देवरिया के पाँच गो शिक्षक उत्कृष्ट शिक्षक सम्मान से भइल लो सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में विशिष्ट बी टी सी शिक्षक वेलफेयर एसोसिएशन उ०प्र० द्वारा आयोजित मंडलीय शिक्षक सम्मान समारोह-2022 में 36 गो उत्कृष्ट शिक्षक लोगन के सम्मानित कइल गइल।

बता दीं कि एमे देवरिया जनपद के पाँच गो शिक्षक लोग सामिल रहे। देवरिया जनपद के श्रीमती नीलम सिंह (देवरिया सदर ),श्रीमती स्मिता श्रीवास्तव (रामपुर कारखाना ),श्री संजय कुमार ( भाटपाररानी ),दीपक कुमार प्रजापति (बरहज ) आ राकेश कुमार राव ( गौरीबाजार) के सम्मानित कइल गइल। मण्डलीय शिक्षक सम्मान समारोह आ संगोष्ठी मे देवरिया जनपद से उपेन्द्र उपाध्याय (मण्डलीय अध्यक्ष), विनोद कुमार मिश्र (मण्डलीय उपाध्यक्ष), विज्ञान सिंह ( जिला महामंत्री ),पौहारीशरण दूबे ( जिला उपाध्यक्ष), घनश्याम मिश्र ( जिला कोषाध्यक्ष ), रामकिशोर मौर्य ब्लाक अध्यक्ष, गौरीबाजार ) आ अजय मिश्र (ब्लाक अध्यक्ष, बैतालपुर ) उपस्थित रहे लो।

समारोह के मुख्य अतिथि विधान परिषद सदस्य देवेन्द्र प्रताप सिंह , विशिष्ट अतिथि जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी गोरखपुर कुमार सिंह रहनीं। कार्यक्रम के संयोजन वरिष्ठ प्रदेश मंत्री तारकेश्वर शाही जी द्वारा कइल गइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता उपेन्द्र उपाध्याय आ संचालन विनोद मिश्र द्वारा कइल गइल। कार्यक्रम मे शिक्षक से अधिकारी बनले श्री विजयपाल नारायन तिवारी( देवरिया सदर ), नवनीत चौबे ( बैतालपुर ), डाॅ० प्रभात चन्द्र राय ( भाटपाररानी ) आ श्रीमती जया राय (रुद्रपुर ) आ आउर लोगन के सम्मानित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]