[the_ad_group id="30365"]

शैक्षिक उन्नयन गोष्ठी आयोजित करी शिक्षक सम्मान समारोह 2022, सम्मानित कइल जइहें 36 शिक्षक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु तारामंडल स्थित कैंप कार्यालय पs आयोजित तैयारी बइठक के संबोधित करत विशिष्ट बीटीसी शिक्षक वेलफेयर एसोसिएशन के प्रदेश मंत्री अउरी मंडलीय शिक्षक सम्मान समारोह – 2022 अउरी शैक्षिक उन्नयन गोष्ठी के संयोजक तारकेश्वर शाही कहलें कि शिक्षक दिवस के अवसर  पर विश्व साक्षरता दिवस 08 सितंबर के दुपहर 02 बजे से राधाकृष्णन हाल, डायट – गोरखपुर में पहिले के बरिस के तरे एह बरिस भी संगठन के ओर से मंडल के अइसन 36 उत्कृष्ट शिक्षकन के सम्मानित कइल जाई, जौन सूदूर गांव में बेहतर तरीका से पढ़ाके भारत के भविष्य के निर्माण कs रहल बानें अउर जेके कब्बो सम्मानित नाइ कइल गइल बा।

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि स्नातक एम.एल.सी. मा. देवेन्द्र प्रताप सिंह ( सभापति, वित्तीय एवं प्रशासकीय विलम्ब समिति, विधान परिषद् उ.प्र ) अउरी विशिष्ट अतिथि श्रीमती अस्मिता चंद ( प्रदेश उपाध्यक्ष, भाजपा महिला मोर्चा ), डायट प्राचार्य श्री जयप्रकाश, ए.डी. बेसिक गोरखपुर डा. सत्यप्रकाश त्रिपाठी, ए.डी. बेसिक अयोध्या श्री रामसागर पति त्रिपाठी, गोरखपुर बी.एस.ए. श्री रमेन्द्र कुमार सिंह, महराजगंज बी.एस.ए. श्री आशीष कुमार सिंह, कुशीनगर बी.एस.ए. श्री कमलेन्द्र कुमार कुशवाहा, देवरिया बी.एस.ए. श्री हरिश्चन्द्र नाथ,  गोरखपुर नगर शिक्षा अधिकारी डा. नरेन्द्र सिंह होइहें।

एह कार्यक्रम में विशिष्ट संवर्ग से प्रशासनिक सेवा में चयनित अधिकारियन के भी सम्मानित कइल जाई। जेमे चंदौली बी..एस.ए. श्री सतेन्द्र सिंह अउरी आजमगढ़ बी.एस.ए. अतुल कुमार सिंह अउरी पांच खण्ड शिक्षा अधिकारी सहित दर्जनभर अधिकारियन के सम्मानित कइल जाई । बइठक के अध्यक्षता मंडल अध्यक्ष उपेन्द्र उपाध्याय अउरी संचालन मंडल महामंत्री राजेश तिवारी कइलें।

बइठक में प्रदेश उपाध्यक्ष संजय शर्मा, प्रदेश संगठन मंत्री संजयराज सिंह अउरी त्रिपुरारी दूबे, वरिष्ठ मंडल उपाध्यक्ष रणविजय सिंह, मंड कोषाध्यक्ष रणधीर सिंह, सोशल मीडिया प्रभारी रणधीर प्रताप शाही, विष्णु प्रसाद गुप्ता, शिवप्रताप यादव, विज्ञान सिंह, विनोद मिश्रा हरे राम दीक्षित, दिलीप सिंह, घनश्याम मिश्रा आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]