[the_ad_group id="30365"]

यूजीसी अध्यक्ष के एलान, एह तारीख ले जारी हो जाई सीयूईटी यूजी के परिणाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी/NTA के ओर से 30 अगस्त, 2022 के कॉमन यूनिवर्सिटी एंट्रेंस टेस्ट/CUET UG 2022 के आयोजन सफलतापूर्वक करा लिहल गइल रहल। परीक्षा के बाद से ही एहमें शामिल भइल छात्र अब अपने परिणाम के जारी होखले क बेसब्री से इंतजार कs रहल बानें। जौन भी छात्र परीक्षा में शामिल भइल रहलें उनका खातिर निम्मन खबर आइल बा। यूजीसी के अध्यक्ष एम जगदीश कुमार CUET UG 2022 के परिणाम के तारीख के एलान कs देहले बानें।

कब जारी होई परिणाम?

यूजीसी के अध्यक्ष एम जगदीश कुमार बियफ़े के एह बात के जानकारी दीहलें कि CUET UG 2022 के परिणाम के 15 सितंबर चाहे संभावित होखे त एकरे कुछ दिन पहिलही जारी कs दिहल जाई। यूजीसी के अध्यक्ष आगे सब भाग लेने वाले विश्वविद्यालयन के सीयूईटी-यूजी स्कोर के आधार पर यूजी प्रवेश प्रक्रिया शुरू करे खातिर अपने वेब पोर्टल तैयार रखले के सलाह भी दिहले बानें।

उत्तर कुंजी भइल जारी

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) के ओर से कॉमन यूनिवर्सिटी एंट्रेंस टेस्ट अंडर ग्रेजुएट (CUET UG) उत्तर कुंजी 2022 जारी कर देहल गइल बा। एनटीए गुरुवार, आठ सितंबर के सीयूईटी यूजी उत्तर कुंजी जारी कs देहलस। जे भी उम्मीदवार परीक्षा में शामिल भइल रहलें, ऊ उत्तर कुंजी आधिकारिक वेबसाइट cuet.samarth.ac.in अउरी nta.ac.in पर चेक अउर डाउनलोड कर सकेने।

आपत्ति दर्ज करावे के सुविधा

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी सीयूईटी यूजी परीक्षा में शामिल हुए छात्रन के उत्तर कुंजी पर आपत्ति दर्ज करावे के सुविधा भी देहले बा। जौन उम्मीदवार अइसन कइल चाहतने, ऊ 10 सितंबर, 2022 के रात 11.50 बजे ले आपन आपत्ति दर्ज करा लेवें। प्रति आपत्ति उम्मीदवारन के 200 रुपया के आवेदन शुल्क जमा करे के होई।

कइसे चेक करीं उत्तर कुंजी

  • सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट- cuet.samarth.ac.in पर जाईं।
  • इहां ‘CUET UG 2022 उत्तर कुंजी’ लिंक पर क्लिक करीं
  • अपने पंजीकरण संख्या, जन्म तिथि अउर सुरक्षा पिन दर्ज करीं
  • एकरे बाद अपने विषय अउर संकाय के आधार पर सीयूईटी उत्तर कुंजी का चयन करीं।
  • एके डाउनलोड करीं अउर आगे खातिर प्रिंट आउट रख लेईं।
    उम्मीदवार निर्धारित समय-सीमा में उत्तर कुंजी पर आपत्ति भी जता सकेलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]