[the_ad_group id="30365"]

आग लगी में 5 गो झोपड़ी जरल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रघुनाथपुर(सीवान): सोमार के थाना क्षेत्र के बडुआ पंचायत के छितनी डूमरी गांव में दुपहरिया 3 बजे के लपेट में अचके आग लाग गइला से 5 गो झोपड़ी जर गइल। एह आगलगी में झोपड़ी में राखल अनाज, बिछवना, बरतन आदि सभे प्रकार के रोज के उपयोग के सामान जर के बरबाद हो गइल। घटना के कारण के पता ना लाग सकल बाकिर घटना के तुरंत बाद स्थानीय लोग लगले राखल एगो पम्प सेट चालू कs के आग बुझावे के कोसिस सुरू कइल। एतने में केहु फायर बिग्रेड के सूचना दे दिहल। सूचना मिलतही फायर बिग्रेड घटनास्थल पहुंच  केआग पs काबू पावे के कोसिस कइलस तब ले  5 गो झोपड़ी। भूसा रखे आला 7 गो खोप, एगो बकरी जर गइल। आगलगी में लगभग हजारन रुपिया के संपत्ति के नुकसान भइल बा।

जवन परिवारन के झोपड़ी जरल बा ओमे लल्लन यादव, शंभू यादव, नागेंद्र यादव, चुनचुन यादव आ सोनू यादव के नाव सामिल  बतावल जा रहल बा। आग पs काबू पावे में नागेंद्र यादव मामूली रूप से झुलस गइले, जिनकर उपचार स्थानीय रेफरल अस्पताल में चल रहल बा। समाचार लिखल जाये बेरा ले पीड़ित परिवार के अभी तक कवनो सरकारी सहायता मुहैया ना करावल जा सकल रहे। ओहिजा स्थानीय मुखिया के द्वारा पीड़ित परिवार के तत्काल बेवस्था करावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]