[the_ad_group id="30365"]

डियूटी मे तैनात सिपाही के बिजली के करेंट लगले से मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपरौली-गीडा। दीपक त्रिपाठी : गीडा थाना के देईपार गांव के स्वर्गीय रामरति देवी कन्या इंटर कॉलेज में बीतल रात यूपी बोर्ड के परीक्षा में गार्ड के रूप में ड्यूटी करत रहल गीडा थाना के 18 बैच के सिपाही कविंद्र नाथ यादव के पंखा में करंट उतर गइले से मौत हो गइल। उनके साथ गार्ड के रूप में ड्यूटी कर रहल दूसरे सिपाही अनुप गौतम उनकर जान बचवले के कोशिश कइने लेकिन ऊ सफल नाइ हो पवनें। एह बीच उनकर मौत हो गइल। आनन-फानन में गीडा फोर्स रात के ही मौका पर पहुंचल। सबसे पहिले ओनके सहजनवां सीएचसी लावल गइल फिर मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल जहवाँ डाक्टर नओनके मृत घोषित कs देहनें।। शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देहल गइल बा।
मृतक कविंद्र नाथ यादव 18 बैच के सिपाही रहने। ई मूलतः गाजीपुर जिले के रहे वाला रहने अउर पिपरौली चौकी पर तैनात रहने। मृतक कविंद्र नाथ यादव बीतल रात विद्यालय में गार्ड के रुप में ड्यूटी करत रहने। उनकर साथी अनूप गौतम के मानल जाए त फर्राटा पंखा के ऊ एडजेस्ट करे गइनें, फर्राटे वाला पंखा में करंट उतर गइल जेसे ऊ ओही में चिपक गइने। आनन-फानन में साथी सिपाही के कुछ नाइ सुझल। एह संबंध में गीडा एसएचओ राहुल सिंह बतवनें कि पंखा एडजस्ट कइले में गार्ड के मृत्यु हो गइल बा, शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]