[the_ad_group id="30365"]

बलदेव प्लाजा स्थित रे​डीमेड कपड़े के दुकान में लागल आग:फायर बिग्रेड के दू गाड़ी मिल के पवलस आग पर काबू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के गोल​घर स्थित बलदेव प्लाजा स्थित रेडिमेड कपड़ा दुकान में मंगलवार की देर रात आग लग गइल। सूचना पर तत्काल पुलिस अउर फायर बिग्रेड के दू गाड़ी पहुंचल अउर आग पर काबू पावल गइल। जेसे आग बलदेव प्लाजा के अन्य दुकान ले नाइ पहुंचल अउर बड़ हादसा होखले से बच गइल। दुकान मालिक के अनुसार एक लाख से उपर के कपड़ा जल गइल बा। शार्ट सर्किट से आग लगले के आशंका जतावल जा रहल बा।

शहर के रहे वाला अमित कुमार सिंंह पुत्र स्व.नंद प्रसाद गोलघर स्थित बलदेव प्लाजा के ग्राउंड फ्लोर में दुकान नंबर 168 व 169 में रेडीमेड कपड़े की शाप चलावेने। मंगलवार के रात 10 बजे दुकान बंद क के ऊ घर चले गइने। रात करीब 12 बजे दुकान से धुंआ उठे लागल। देखतही देखत धुंआ बलदेव प्लाजा से बाहर निकले लागल। सूचना पर तत्काल फायर बिग्रेड के दू ​गाड़ी मौका पर पहुंचल। कर्मचारी एक घण्टा बाद कौनो तरे आग पर काबू पवने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]