[the_ad_group id="30365"]

पहिली बीवी तलाक का दिहली, आदमी लिहलें ‘आध्यात्मिक ज्ञान’ अउर 86 शादी कs लिहनें, अब 88वीं करे जा रहल बानें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडोनेशिया (Indonesia) के वेस्ट जावा (West Java) में एगो जगह बा माजालेंगका। इहां पर एगो 61 साल के आदमी के शादी करे के खूब चर्चा बा, काहेसेकि ऊ 88वीं बार शादी करे जा रहल बानें। दिलचस्प बात ई बा कि ऊ शख्स अपने एक्स वाइफ से शादी करे जा रहल बा। शादी कइले के उनके शौक उनके स्थानीय लोग के बीच ‘प्लेबॉय किंग’ के उपाधि दिया देहले बा. हालांकि उनकर असली नाम ‘कान’ ह।

कइसे बनलें ‘प्लेबॉय किंग’?

ट्रिब्यून न्यूज के एक रिपोर्ट के मुताबिक माजालेंगका के रहे वाले कान के शादी के चर्चा बा। अब ले के 87 बार शादी रचा चुकल बानें अउर 88वीं के तैयारी में बा। कान पेशा से किसान बानें। रिपोर्ट के मुताबिक उ कहेने कि ऊ महिला लोग के उनके लग्गे वापस लौटले से इनकार नाइ करत रहनें।

काहें कइलें एतना शादी?

स्थानीय मीडिया मलय मेलसे बात करत कान बतवलें कि 14 साल के उमिर में उनकर पहिला शादी भइल रहे। उनकर पहली बीवी उम्र में उनसे 2 साल बड़ रहली। मगर उनके बुरे व्यवहार के चलते दू साल में ही उनकर तलाक हो गइल। एकरे बाद उ शादी पर शादी करे के फैसला क लिहलें। ऊ एकर अजीबोगरीब वजह बतावत रहनें। कान के मुताबिक पहली बीवी से तलाक होखले के बाद उनके बहुत गुस्सा आइल रहे। एकरे बाद उ ‘आध्यातमिक ज्ञान’ लिहलें ताकि लड़कियां उनसे प्यार करे खातिर मजबूर हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]