[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के हवा खराब: बिहाने दिखल धुआ-धुआ के मोट चादर, एनसीआर में भी AQI 400 के करीब, जानीं का ह वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली-एनसीआर में हवा के गुणवत्ता में गिरावट जारी बा। दिल्ली-एनसीआर इलाका में अजुओ भी धुंध छावल बा। वायु प्रदूषण के कारण राष्ट्रीय राजधानी के कई हिस्सा में वायु गुणवत्ता गंभीर बा। सिस्टम ऑफ एयर क्वालिटी एंड वेदर फोरकास्टिंग एंड रिसर्च (SAFAR) के अनुसार दिल्ली में AQI 364 (बहुत खराब) श्रेणी में बा। वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) वर्तमान में यूपी के नोएडा में ‘बहुत खराब’ श्रेणी में 393, हरियाणा के गुरुग्राम में ‘बहुत खराब’ श्रेणी में 318 अउर दिल्ली एयरपोर्ट टी 3 के पास ‘बहुत खराब’ श्रेणी में 333 बा। दिल्ली के औसतन वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) वर्तमान में 364 (बहुत खराब) श्रेणी में बा
केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के अनुसार, नई दिल्ली के आनंद विहार में कमजोर हवा के वजह से हवा के गुणवत्ता ‘गंभीर’ श्रेणी में दर्ज कइल गइल।
गुरुवार सुबह 8 बजे वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) के अनुसार, आनंद विहार के औसत एक्यूआई 458 रहल जौन 500 तक के पैमाना पर ‘गंभीर’ श्रेणी में आवsला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]