[the_ad_group id="30365"]

MSME Day: सीएम योगी के एलान, पीएम आ सीएम इंटर्नशिप प्रोग्राम के माध्यम से साढ़े सात लाख नवहन के दिहल जाई नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि प्रदेश में प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्री इंटर्नशिप प्रोग्राम चल रहल बा। पीएम आ सीएम इंटर्नशिप प्रोग्राम के माध्यम हमनी के साढ़े सात लाख नवहन के नौकरी देम सs। एकरा खातिर हमनी के उद्यमियन के आगे आवे के होई। ऊ कहलें कि एमएसएमई विभाग पूर्वांचल, बुंदेलखंड आ गंगा एक्सप्रेस-वे पs जमीन चिन्हित कs के एमएसएमई क्लस्टर विकसित करे। संगही लखनऊ, वाराणसी आ आगरा में यूनिटी मॉल बनावे के कार्रवाई के आगे बढ़ावे। उहां पs बढ़िया गेस्ट हाउस आ हॉस्टल बनावल जाये। एमएसएमई सेक्टर के उद्यमियन के ओह लोगन के आवश्यकता के मोताबिक सुविधा उपलब्ध करावल जाव।

सीएम योगी मंगर के अंतर्राष्ट्रीय एमएसएमई दिवस-2023 के अवसर पs लोकभवन में आयोजित एमएसएमई क्षेत्र के समग्र विकास खातिर बैंकन द्वारा 20 हजार करोड़ रुपिया के ऋण वितरण कार्यक्रम में सामिल भइलें। एह दौरान ऊ कहलें कि तीन महीना के भीतर पहिला चरण के तहत राजधानी के अवध शिल्पग्राम में यूनिटी मॉल प्रारंभ हो जाव तs बेहतर रही। सीएम योगी कहलें कि ऋण वितरण कार्यक्रम कार्यक्रम के तहत आज प्रदेश के 3 लाख 41 हजार एमएसएमई उद्यमियन के एक संगे ऋण वितरित कइल जा रहल बा। ई सेक्टर कृषि के बाद सबसे जादे रोजगार उपलब्ध करावे वाला हs। एमएसएमई सेक्टर के उद्यमियन द्वारा सेक्टर में नया जान फूंकके उत्तर प्रदेश के नया पहचान दिहल गइल बा।

सीएम योगी कहलें कि एगो समय अइसन रहे कि यूपी के एमएसएमई सेक्टर दम तुड़त रहे। सरकार के तरफ से सहजोग ना मिलला से एह सेक्टर के उद्यमी हताश आ निराश हो चुकल रहे लो। ओहिजा पिछिला छव साल में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के प्रेरणा से हमनी के सरकार में लगभग 96 लाख एमएसएमई इकाई चल रहल बाड़ी सs। ई इकाई करोड़न लोगन के जिनगी के आधार बा। उत्तर प्रदेश देस के पहिला राज्य हs जवन एमएसएमई सेक्टर के जिंदा राखे खातिर एगो जिला एगो उत्पाद (ओडीओपी) के योजना चलवलस, जवन देस के अंदर एगो ब्रांड बन चुकल बा। आज देस में जब कबो एमएसएमई आ ओडीओपी के बात होला तs लोगन के जुबान पs सबसे पहिले उत्तर प्रदेश के नाम आवेला।

52 उत्पादन के जीआई टैग प्राप्त करे वाला यूपी देस के अग्रणी राज्य

52 उत्पादन खातिर जीआई टैग प्राप्त करे वाला उत्तर प्रदेश देस के अग्रणी राज्यन में बा। अकेले वाराणसी के 23 उत्पाद के जीआई टैग मिल चुकल बा। हमनी के लगे 75 जनपद बा, आवे वाला समय उत्तर प्रदेश के कइयन गो आउर उत्पादन के जीआई टैग मिली। ऊ दिन दूर नइखे जब उत्तर प्रदेश के परंपरागत उत्पादन के डंका देस आ दुनिया में बजी।

बायोगैस प्लांट आ ऊनी धागा उत्पादन केन्द्र के भइल लोकार्पण

कार्यक्रम में सीएम योगी प्रयागराज के ग्राम मंदर देह माफी (मंदरी) भगवत में गोबर बायोगैस प्लांट आ ग्राम गांजा में ऊनी धागा उत्पादन केन्द्र के लोकार्पण कइलें। संगही ऊ एमएसएमई के 14 उद्यमियन के राज्य सरकार के अलग-अलग योजनन के अंतर्गत अनुदान राशि वितरित कइलें। एकरा अलावे कार्यक्रम में उत्तर प्रदेश शासन आ भारतीय पैकेजिंग संस्थान (आईआईपी) के बीच एमओयू के आदान प्रदान कइल गइल।

जीआई टैग से संबद्ध भइल उद्यमियन के मिलल प्रमाण पत्र

सीएम योगी जीआई टैग से संबद्ध भइल 11 ओडीओपी उद्यमियन के प्रमाण पत्र वितरित कइलें। एमे अमरोहा के ढोलक, अलीगढ़ के ताला, बागपत के होम फार्निशिंग, बांदा के शजर पत्थर, बाराबंकी के हैंडलूम, बिजनौर के नगीना गुड क्राफ्ट, जालौन के काल्पी हैंडमेड पेपर, महोबा के गोरा पत्थर, मैनपुरी के तारकशी, संभल के हॉर्न क्राफ्ट आ संतकबीर नगर के बखिरा मेटल प्रोडक्ट के उद्यमी सामिल रहल लो।

कार्यक्रम में सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्यम, खादी आ ग्रामोद्योग, रेशम उद्योग, हथकरघा आ वस्त्र उद्योग के मंत्री राकेश सचान, भारत सरकार के वाणिज्य मंत्रालय के संयुक्त सचिव अमिताभ कुमार, मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र, जीआई विशेषज्ञ पद्मश्री रजनीकांत सहित आउर अधिकारी आ एमएसएमई विभाग के कर्मचारी मवजूद रहे लो।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]