Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘ठग होले गुजराती’ तेजस्वी यादव के विवादित बयान पs आज अहमदाबाद कोर्ट सुनाई फैसला

441

Tejashwi Yadav Defamation Case: बिहार के डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के एगो पुरान बयान के लेके उनकर मुश्किल बढ़ सकत बा। अहमदाबाद के मेट्रोपॉलिटन कोर्ट उनका विवादित बयान पs आज फैसला सुना सकत बा। आरोप बा कि डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव गुजरातियन के ठग कहले रहस। अपना बयान के दौरान ऊ पीएम मोदी आ अमित शाह पs हमला बोलले रहस।

बिहार के डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के खिलाफ मानहानि के एगो ममिला में अहमदाबाद के अदालत आज फैसला सुनाई। तेजस्वी यादव गुजरातियन के लेके विवादित बयान देले रहस। उनका बयान के लेके एफआईआर दर्ज करावल गइल रहे। एकरा पहिले भइल सुनवाई के दौरान गवाहन के पेशी भइल रहे। संगही तेजस्वी के बयानो दर्ज भइल रहे।

का बा ममिला?

आरोप बा कि तेजस्वी यादव कुछ महीना पहिले मेहुल चोकसे पs बोलत गुजरातियन के अपमान कइले रहस। तेजस्वी कथित तौर पs गुजरातियन के ठग कहले रहस। अहमदाबाद के सामाजिक कार्यकर्ता हरेश मेहता द्वारा तेजस्वी यादव के एह बयान के लेके उनका खिलाफ 26 अप्रिल के मानहानि के केस दाखिल कइल गइल रहे। ममिला के सुनवाई अहमदाबाद के मेट्रोपॉलिटन कोर्ट में हो रहल बा।

तेजस्वी के समन जारी होई कि ना?

बतावल जा रहल बा कि ममिला में दुपहरिया तीन बजे के आसपास सुनवाई सुरू हो सकत बा। अदालत एह पs फैसला ली कि ममिला में जवन सबूत आ गवाह पेश भइल बा लो ऊ मानहानि के केस खातिर पर्याप्त बा कि ना। एह ममिला में तेजस्वी के समन जारी कइल जाई कि ना।

का बा विवादित बयान?

मेहुल चोकसी पs टिप्पणी करत उनकर जुबान फिसल गइल रहे। तेजस्वी तब पीएम मोदी आ गृह मंत्री अमित शाह पs हमला बोलत रहलें। ऊ कहले रहस.. दो ठग हैं ना…आज देस के हालात देखल जाव तs खाली गुजरातिये ठग हो सकत बा लो आ ओह  लोगन के माफ कs दिहल जाई।

580120cookie-check‘ठग होले गुजराती’ तेजस्वी यादव के विवादित बयान पs आज अहमदाबाद कोर्ट सुनाई फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.