[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल के पहिला लॉजिस्टिक पार्क: चुनार में रेल मंत्री कइलें शिलान्यास, 30 करोड़ के लागत से होई निर्माण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा, मुरादाबाद अउर कानपुर के बाद अब यूपी के चउथा अउरी पूर्वांचल के पहिला लॉजिस्टिक पार्क मिर्जापुर के चुनार में स्थापित होखे जा रहल बा। सोमार के केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से एकर शिलान्यास कइलें। लॉजिस्टिक पार्क के बनला से मिर्जापुर अउरी आसपास के इलाका में निर्मित वस्तुअन के कम समय में देश के प्रमुख बंदरगाहन के जरिये विदेश भेजे के सुविधा मिली।

केंद्रीय वाणिज्य अउरी उद्योग राज्य मंत्री अनुप्रिया पटेल के विशेष प्रयास से जिला के चुनार में लॉजिस्टिक पार्क के स्थापना हो रहल बा। लॉजिस्टिक पार्क के निर्माण भारतीय कंटेनर निगम लिमिटेड के तरफ से करावल जाई। प्रथम चरण में 30 करोड़ रुपया के लागत से पार्क के विकास होई। दूसरका चरण में 70 करोड़ रुपया के लागत से दूसर सुविधा विकसित कइल जाई।

लॉजिस्टिक पार्क के स्थापना चुनार रेलवे स्टेशन के लग्गे हो रहल बा जेसे ई रेल अउरी सड़क मार्ग के जरिए मुंबई, चेन्नई, कोलकाता अउरी दिल्ली से जुड़ जाई। तब आसानी से इहां से सामान एह महानगर के जरिए विदेश ले जाई। लॉजिस्टिक पार्क के विकास 7000 वर्ग मीटर क्षेत्र में होई। एहमें वेयर हाउसिंग, पैकिंग अउर छंटाई के सुविधा होई।

पूर्वांचल के कारोबार में आई क्रांतिकारी बदलाव

केंद्रीय मंत्री अनुप्रिया पटेल के कहनाम बा कि चुनार में लॉजिस्टिक पार्क शुरू होखला से मिर्जापुर सहित पूर्वांचल के कारोबार में क्रांतिकारी बदलाव आई। एह जिला में निर्मित कालीन, पॉटरी अउरी पीतल उद्योग, हैंडीक्रॉफ्ट के अलावा अनाज अउरी खाद्य वस्तुअन के अंतरराष्ट्रीय बाजार में आसान पहुंच मिली।

निर्यातकन के एक्के जगह पर सारी सुविधाएं मिली। एह परियोजना के शुरू होखला से मिर्जापुर सहित आसपास के जिला में भी रोजगार के अवसर बढ़ी। पलायन रोके में भी काफी मदद मिली। लॉजिस्टिक पार्क के सड़क अउरी रेल मार्ग से भी जोड़ल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]