[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 62 जिला में औसत से कम भइल बरखा, मुख्यमंत्री योगी जिलाधिकारी लोग से मंगलें रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के 62 जिला में औसत से कम बरखा भइल बा। स्थिति के सही आकलन खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश के सब जिला के जिलाधिकारियन के सर्वे कइलें के निर्देश दिहले बाड़ें।
75 जिला में 75 टीम एहपर काम करी अउरी जिलाधिकारियन के एक सप्ताह में रिपोर्ट देवे के होई। लापरवाही बरतले अउरी देरी होखला पर जिला अधिकारी जवाबदेह होइहें।
सूखा प्रभावित जिला में लगान स्थगित रही। साथ ही ट्यूबवेल के बिल के वसूली भी स्थगित रही अउरी ट्यूबवेल कनेक्शन भी नाइ काटल जाई।
मुख्यमंत्री योगी दलहन तिलहन अउर सब्जी के बीज किसानन के उपलब्ध करवलें के निर्देश दिहलें बाड़ें।
सिंचाई विभाग सिंचाई खातिर नहर में पानी के उपलब्धता सुनिश्चित करी अउर बिजली विभाग के ग्रामीण क्षेत्र में बिजली आपूर्ति बढ़ावे के भी निर्देश दिहल गइल ताकि प्रभावित किसानन के राहत मिल सके
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]