[the_ad_group id="30365"]

फिरोजपुर: पाक सीमा पर तीन एके-47 समेत भारी मात्रा में हथियार बरामद, बीएसएफ के जीरो लाइन के लग्गे मिलल जखीरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) फिरोजपुर सेक्टर में भारत-पाक सीमा से तीन एके-47 राइफल, तीन मिनी एके-47 राइफल अउर तीन पिस्तौल बरामद के ह। सुक्क सुबह द ट्रिब्यून के भेजल गइल एक ईमेल में बीएसएफ के प्रवक्ता इनकर पुष्टि कइलस।

प्रवक्ता बतवलें कि सैनिक सीमा निगरानी चौकी के पास गश्त करत रहलें। जगदीश (पूर्व-136) के जीरो लाइन के पास कुछ संदिग्ध सामान मिलल, जेमें हथियार अउर गोला बारूद रहल। एके सीमा पार से आईएसआई के एजेंट द्वारा भेजल गइले के संभावना बा।

विवरण के अनुसार, बीएसएफ के जवान तीन एके-47 राइफल्स के साथ छह खाली मैगजीन, तीन मिनी एके-47 राइफल के साथ पांच खाली मैगजीन अउर तीन पिस्तौल (बेरेटा प्रकार) छह खाली मैगजीन के संगे बरामद कइलें। बीएसएफ प्रवक्ता कहलें कि 200 राउंड गोला-बारूद (राइफल के 100 राउंड, अउर 100 पिस्टल के राउंड) भी मौका से बरामद कइल गइल।

बीएसएफ अधिकारी सब बरामदगी के बारे में स्थानीय पुलिस के प्राथमिकी दर्ज करे अउर आगे के जांच खातिर सूचित कइले रहनें। पंजाब पुलिस के आगे के कार्रवाई खातिर सूचित कs दिहल गइल बा। बीएसएफ अधिकारियन के शिकायत पर फाजिल्का में स्टेट स्पेशल ऑपरेशन सेल में अज्ञात व्यक्तियन के खिलाफ आर्म्स एक्ट के धारा 25, 54, 59 के तहत प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]