[the_ad_group id="30365"]

छठ पूजा: छठ में भीड़ देखत रेलवे बढ़वलस सुरक्षा व्यवस्था, CCTV से हो रहल बा मॉनिटरिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छठ में ट्रेन में होखे वाली भीड़ के देखत पूर्वोत्तर रेलवे सुरक्षा व्यवस्था बढ़ा देहले बा। गोरखपुर जंक्शन पर फोर्स बढ़ा देहल गइल बा। सब प्लेटफॉर्मन पर सिपाहियन के ड्यूटी लगावल गइल बा। उहवें वाराणसी मंडल के कंट्रोल रूम में तीन शिफ्ट में अधिकारियन के नियुक्त कइल गइल बा। सीसीटीवी कैमरा से लगातार ट्रेन अउर प्लेटफॉर्म के मॉनिटरिंग कइल जा रहल बा।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के मुताबिक छठ पर्व के ध्यान में रख के पूर्वोत्तर रेलवे के विभिन्न स्टेशन से 59 स्पेशल ट्रेन संचालित कइल जा रहल बा। नियमित ट्रेन में 226 अतिरिक्त कोच लगावल गइल बा।

सबसे ज्यादा छपरा, सीवान अउर बलिया स्टेशन पर निगरानी रखल जा रहल बा। सब प्रमुख स्टेशन पर डॉग स्क्वाड द्वारा सुरक्षा जांचल जा रहल बा। ट्रेन में स्कॉर्ट के संख्या में बढ़ावल गइल बा। अपराधियन अउर अवांछनीय तत्व के पहचान कर धरपकड़ खातिर एआरपीएफ जवान के सादा वर्दी में लगावल गइल बा।

भीड़ बढ़ले के स्थिति में ‘क्राउड मैनेजमेंट’ योजना तैयार कइल गइल बा। जेके आवश्यकता अनुरूप लागू कइल जाई। एकरे अलावा स्टेशन अउर ट्रेन के कोच में विद्युत अउर पीए के पानी के आपूर्ति कइल गइल बा।

स्टेशन पर चिकित्सा व्यवस्था कइल गइल बा, ताकि आपात स्थिति में तत्काल चिकित्सा मुहैया करावल जा सके। उ बतवलें कि यात्री कौनो भी आकस्मिक स्थिति में हेल्प लाइन नंबर-139 पर संपर्क कर सकतने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]