[the_ad_group id="30365"]

सीवान में चार घरन में लागल आग: सूचना के दु घंटा बाद पहुंचल अग्निशमन विभाग के टीम, चार मवेशियन के झुलसके मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में चार घरन में आग लाग गइल। अगलगी में करीब पांच लाख रुपिया से जादे के संपत्ति जरके राख हो गइल। चार मवेशियन के झुलसला से मौत भइल बा। घटना असाव थाना क्षेत्र के मनिया रामनगर टोला के हs। जहां चनर यादव के झोपड़ीनुमा घर में आग लाग गइल। जवना के बाद आग फइलत गइल आ आसपास के घरन में लाग गइल। जब तक स्थानीय लोग आग पs काबू पाइत आ अग्निशमन विभाग के टीम के सूचना दित तब ले चार घर जल गइल। सूचना के दु घंटा बाद अग्निशमन विभाग के टीम पहुंचल।

आग पs काबू पावे में लागल चार घंटा 

जबतक अग्निशमन विभाग के टीम घटना स्थल पसे पहुंचित तब तक स्थानीय लोग आग पs काबू पा लेले रहे। चारों परिवार के 25 से अधिक सदस्य बा लो जेकरा सोझा अब परेसानी खड़ा हो गइल बा। अगलगी में राशन, कपड़ा, नगद, बर्तन सहित आउर समान जरके राख हो चुकल बा। चार घंटा के मशक्कत के बाद आग पs काबू पावल गइल। पीड़ित नंदकिशोर यादव के पुत्र चनर यादव जिनकर चार मवेशियन के मौत हो गइल। राघव चौधरी जिनका घर में भूसा जर गइल। शिवशंकर यादव आ रतन यादव दुनों के घर में रखल कपड़ा आ आभूषण जर गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]