[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के कोचिंग सेंटर में आग, छात्र स रस्सी के सहारा से बचइले जान, दिखल भयावह मंजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पुलिस के मुताबिक आग बिजली के मीटर से शुरू भईल, जवन कि बहुत बड़ ना रहे, लेकिन धुआं बढ़ला के बाद बच्चा घबरा गईले अवुरी इमारत से पीछे के रास्ता से नीचे आवे लगले, जवना के चलते 4 छात्र घाही हो गईले।

दिल्ली के मुखर्जी नगर के कोचिंग सेंटर में आजु आग लाग गइल जवना के बाद विद्यार्थियन के रस्सी के मदद से कूद के आपन जान बचावे के पड़ल। मउका पs 7 फायर इंजन मौजूद बा। अभी तक कवनो प्रकार के चोट के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल। 12 बजे के आसपास आग लगल।

 

पुलिस के मुताबिक आग बिजली के मीटर से शुरू भईल, जवन कि बहुत बड़ ना रहे, लेकिन धुआं उठला के बाद बच्चा घबरा गईले अवुरी पीछे के रास्ता से रस्सी के मदद से इमारत से उतरे लगले, जवना के चलते 4 छात्र घायल हो गईले। दरअसल रस्सी के मदद से नीचे उतरे के कोशिश में बहुत छात्र रस्सी गंवा के जमीन प गिर गईले।दिल्ली फायर सर्विसेज के निदेशक अतुल गर्ग बतवले कि 12:27 बजे हमनी के फोन आईल कि एगो बिल्डिंग में आग लागल बा। बाद में पता चलल कि ई कोचिंग सेंटर ह आ कुछ लइका एहमें फंसल बाड़े. हमनी के कुल 11 गाड़ी भेजनी। आग पर काबू पा लिहल गइल बा. मीटर में आग लागल रहे। कुछ लइका डेरा के खिड़की से बाहर निकल गइलें। 4 बच्चा के मामूली चोट लागल बा।दिल्ली पुलिस के पीआरओ सुमन नलवा बतवले कि इमारत के मीटर से आग लाग गईल। ऊपरी मंजिल पर धुँआ पसरल, जवना के चलते अराजकता पैदा हो गईल। सिविल सेवा खातिर कोचिंग सेंटर रहे, कुछ छात्र खिड़की से नीचे आवे के कोशिश करत रहले। एकरा में 3-4 छात्र के चोट लागल बा। उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। आग पर काबू पा लिहल गइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]