मणिपुर में थमत नइखे हिंसा, इंफाल में केंद्रीय मंत्री आरके रंजन सिंह के घरे में भीड़ लगइलस आग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2023

मणिपुर में भइल हिंसा के ताजा घटना में काल्हु रात एगो केंद्रीय मंत्री के घर पs भीड़ हमला कर दिहलस। भीड़ आरके रंजन सिंह के घर में आग लगा दिहलस। इंफाल:  पूर्वोत्तर राज्य मणिपुर में

Share

मणिपुर में भइल हिंसा के ताजा घटना में काल्हु रात एगो केंद्रीय मंत्री के घर पs भीड़ हमला कर दिहलस। भीड़ आरके रंजन सिंह के घर में आग लगा दिहलस।

इंफाल: 

पूर्वोत्तर राज्य मणिपुर में भइल हिंसा के ताजा घटना में काल्हु रात एगो केंद्रीय मंत्री के घर पs भीड़ हमला क दिहलस। भीड़ आरके रंजन सिंह के घर में आग लगा दिहलस। अधिकारी बतवले कि घटना के समय केंद्रीय मंत्री आरके रंजन सिंह घर में ना रहले। जातीय टकराव से ग्रस्त मणिपुर में गुरुवार के नाहियो त दु खाली मकान में भीड़ आग लगा दिहलस। अधिकारी इ जानकारी देले। उ बतवले कि इम्फाल के न्यू चाकोन में सुरक्षा बल बल के इस्तेमाल क के भीड़ के तितर-बितर क देले अवुरी भीड़ पs आंसू गैस के गोली चलवले।

आरके रंजन सिंह कहले कि, “हम अबे सरकारी काम खातीर केरल में बानी। शुक्र बा कि काल्ह रात हमरा इम्फाल घर पs केहु के कवनो चोट नईखे आईल। भूतल अवुरी पहिला मंजिल के नुकसान पहुंचल बा।”

पूर्वोत्तर राज्य में शांति के गोहार लगावत उ कहले कि, “हमरा गृह राज्य में जवन होखता, इ देख के बहुत दुख होखता। अबो शांति के अपील करत रहब। अयीसन हिंसा करेवाला लोग बिल्कुल अमानवीय बाड़े।”

घटना ओ समय भईल जब राज्य में हिंसा बढ़ला के बाद सेना अवुरी असम राइफल्स के जवान आपन कार्रवाई तेज क देले बाड़े। सेना के सैनिकन के गश्त बढ़ा दिहल गइल बा आ जहाँ जहाँ बैरिकेड लगावल गइल ओहिजा ओकरा के हटा दिहल गइल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.