[the_ad_group id="30365"]

पटना जंक्शन के सोझा पाल होटल में लागल आग, 3 के  मौत : 35 के निकालल गइल, फायर ब्रिगेड के 51 गाड़ी आग बुझावे में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना जंक्शन से 50 मीटर दूर पाल होटल में बियफे के सबेरे अचानक आग लाग गइल। आग आसपास के चार होटलन के अपना चपेट में ले लेलस। हादसा में तीन लोगन के मौत भइल बा। पाल होटल से एगो शव निकालल गइल बा। जबकि पास के अमृत होटल से मां-बेटी के शव निकालल गइल बा।

आग के लपटन के बीच 35 लोगन के निकालल गइल बा।  15 के अस्पताल भेजल गइल बा। दु घंटा के कड़ा मशक्कत के बाद आग पs काबू पा लिहल गइल बा। अब तक फायर ब्रिगेड के 51 गाड़ी लाग चुकल बाड़ी सs। रेस्क्यू खातिर टीम होटल के अंदर गइल बिया।

हादसा के बाद पटना स्टेशन जाये वाला रास्ता के फिलहाल बंद कइल गइल बा। बिल्डिंग चार मंजिला रहे। सब फ्लोर पs आग फइलल रहे। बिल्डिंग में फंसल लोगन के निकाले खातिर हाइड्रा के सहारा लिहल गइल।

बतावल जात बा कि आग लगला से होटल में रखल सिलेंडर में ब्लास्ट भइल। एसे आग भड़क गइल। आग होटल के लगे वाली बिल्डिंग के जद में ले लेले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]