[the_ad_group id="30365"]

दरभंगा में बड़ हादसा, सादी समारोह में सिलेंडर फटले से 6 गो के मउत, कईयो झुलसले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के दरभंगा में एगो बड़ हादसा हो गईल बा। इहाँ शादी के बारात के दौरान आतिशबाजी के चलते एगो घर में आग लाग गईल। एकरा चलते एकही परिवार के 6 लोग के मउत हो गईल बा। घटना के बाद पूरा इलाका में हलचल मच गईल बा। सूचना मिलते पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड के टीम मउका पs पहुंचल अवुरी जायजा लेलस। पुलिस मामिला के छानबीन करतिया।

जानकारी के मुताबिक इs घटना दरभंगा जिला के अलीनगर प्रखंड के अंटोर गांव में भईल। इहाँ गाँव में बियाह के रस्म चलत रहे। एही बीच बियाह में लोग भी आतिशबाजी करत रहले। एही बीच कवनो तरह आतिशबाजी के चिंगारी से घर में आग लाग गईल। कुछ ही देर में आग एतना फैल गईल कि ओकरा के बुझावल मुश्किल हो गईल।

आग पसरत घर में राखल गैस सिलेंडर ले पहुंचल अवुरी कुछ समय बाद सिलेंडर फाट गईल। एकरा बाद दुआर पs राखल डीजल के ड्रम में भी आग लाग गईल, जवना के चलते आग बहुत बड़ रूप ले लेलस। कुछ देर में पूरा घर में आग के लपट उठे लागल अवुरी घर के कुछ सदस्य के मउका पs मउत हो गईल।

हर जगह चिल्लाहट मच गइल रहे। एही से लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर भागे लागल। पूरा घर के सामग्री जर के राख हो गईल। एह दौरान आसपास के इलाका में दहशत फैल गईल। दूर-दूर ले आग के लपट लउकत रहे। एकरा संगे लोग पुलिस अवुरी दमकल के सूचना देले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]