[the_ad_group id="30365"]

Delhi Mukherjee Nagar Fire Video: मुखर्जी नगर में रस्सी के सहारे कूदके छात्र लोग बचावल जान, 4 जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Mukherjee Nagar Fire Video: दिल्ली के मुखर्जी नगर इलाका में ओह वक्त हड़कंप मच गइल जब एगो इमारत में आग लाग गइल। एह इमारत में कोचिंग चलेला आ जब आग लागल तs छात्र-छात्रा इहां मवजूद रहे लो। ई सभे कवनो तरे से रस्सी के सहारे से नीचे उतरल लो।

दरअसल इमारत में खाली एगो सीढ़ी बा। एह वजह से जुवा जल्दी से नीचे ना पहुंच पाइल लो। ओह लोगन के रस्सी बांधके नीचे कूदे के पड़ल। इहां पs हर एगो इमारत में दर्जनभर कोचिंग सेंटर चल रहल बा।

आग बिल्डिंग के मीटर में लागल रहे। धुंआ ऊपरी मंजिल पs फइल गइल जवना कारण अफरा तफरी मच गइल। उहां सिविल सर्विसेस के कोचिंग सेंटर रहे, कुछ छात्र खिड़की से नीचे आवे के कोसिस करत रहे लो। एमे 3-4 छात्रन के चोट आइल बा। ओह  लोगन के अस्पताल ले जाइल गइल बा। आग पs काबू पा लिहल गइल बा।- दिल्ली पुलिस के पीआरओ सुमन नलवा

आग लगतही घटना के सूचना दमकल विभाग के दिहल गइल। जवना के बाद 11 गाड़ी मवका पs पहुंचल आ राहत आउर बचाव काम में जुट गइल। हालांकि अब आग पs काबू पा लिहल गइल बा आ एगो घायल छात्रा के अस्पताल पहुंचावल गइल बा।

बता दीं कि बत्रा सिनेमा के लगे इस्थित ज्ञाना बिल्डिंग में कोचिंग सेंटर चलत रहे आ आज दुपहरिया करीब 12.27 बजे इहां आग लागल।

सभे के सुरक्षित निकालल गइल 

दमकलकर्मी लोग स्थानीय लोगन के मदद से इमारत में फंसल सब नवहन के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा।

करियर आउटलुक इंस्टीट्यूट के फैकल्टी डॉ. संजन कुमार के मोताबिक, आग के कारण नीचे बेसमेंट के मीटर में स्पार्किंग रहे, कोचिंग संस्थान दूसरा के लापरवाही के शिकार भइल।

आग के ई घटना बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा। कुछ छात्र बांचें के प्रयास में मामूली रूप से घायल भइल बा लो, बाकी सब छात्र सुरक्षित बा लो। घबराये के बात नइखे, दमकल विभाग द्वारा आग पs काबू पा लिहल गइल बा। जिला प्रशासन मवका पs मवजूद बा।– अरविंद केजरीवाल, मुख्यमंत्री, दिल्ली

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]