[the_ad_group id="30365"]

का मस्क Twitter के बना दिहें YouTube? जानीं Elon Musk के पूरा प्लान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एलन मस्क (Elon Musk) कुछे महीना पहिले ट्विटर (Twitter) किनले बाड़ें। हालांकि ट्विटर किनला के बाद से Twitter में बड़-बड़ बदलाव कइल जा रहल बा। अइसने एगो नया बदलाव जल्दिये यूजर्स के देखे के मिली, जेमे यूजर्स 60 मिनट के लमहार वीडियो के पोस्ट कs पाई लोग। अइसन में यूजर्स पूछ रहल बा लोग कि का Elon Musk Twitter के YouTube बनावे के चाहत बाड़ें?

Twitter यूजर्स पोस्ट कs पाई लो 60 मिनट के वीडियो

हालांकि, ओह लोगन के एह सवाल के जवाब एलन मस्क बेहतर दे पइहें, बाकिर Gizmochina के रिपोर्ट के मानीं, तs ट्विटर पs 60 मिनट के लमहर वीडियो के पोस्ट करे खातिर यूजर्स के ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन लेवे के होई। एकरा खातिर यूजर्स के 600 रुपिया से लेके 900 रुपिया तक देवे के पड़ सकत बा। एलन मस्क के कहनाम आ मानल बा कि एह तरह के बदलाव से Twitter के संगे नया यूजर्स के जोड़े में मदद मिली।

ट्विटर पs मिली प्रीमियम सर्विस

बता दीं कि ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन में यूजर्स के ब्लू चेकमार्क दिहल जाला। संगही यूजर्स के प्रोफाइल के वेरिफिकेशन होला। ट्विटर के तरफ से बिजनेस ग्रुप के आम यूजर्स के अलग करे के खातिर गोल्ड चेकमार्क ऑफर कइल जा रहल बा। ब्लू सब्सक्रिप्शन में यूजर्स के ऐड फ्री सर्विस दिहल जाई। संगही कुछ प्रीमियम सर्विस के ऑफर कइल जा सकत बा, जवन आम यूजर्स के ना ऑफर कइल जाई।

अभी 10 मिनट के वीडियो कइल जा सकत बा पोस्ट

ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन के कीमत 8 यूएस डॉलर होई। ब्लू सब्सक्रिप्शन ऑफर में रिप्लाई, कमेंट, सर्च आ वीडियो पोस्ट करे में प्राथमिकता दिहल जाई। एतने ना ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन वाला यूजर्स के 60 मिनट के लमहर वीडियो के अपलोड करे के सुविधा मिलत बा। मवजूदा वक्त में Twitter यूजर्स 10 मिनट के वीडियो के अपलोड कइल जा सकत बा। ई सुविधा मोबाइल यूजर्स के iOS आ Android यूजर्स खातिर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]