केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बियफे के लोकसभा में आयकर विधेयक, 2025 पेश कइली आ अध्यक्ष ओम बिरला से एकरा के सदन के प्रवर समिति के भजे के आग्रह कइली। विपक्षी सदस्य विधेयक के प्रस्तुत करे के दौरान एकर विरोध कइल लो, बाकिर सदन एकरा के प्रस्तुत करे खातिर ध्वनिमत से प्रस्ताव पारित कs देलस।
विधेयक के पेश करत सीतारमण बिरला से आग्रह कइली कि ऊ मसौदा कानून के सदन के प्रवर समिति के भेजस, जवन अगिला सत्र के पहिला दिन तक आपन रिपोर्ट प्रस्तुत करी। ऊ अध्यक्ष से प्रस्तावित पैनल के संरचना आ नियमन पs निर्णय लेवे के आग्रह कइली।
बहुप्रतीक्षित विधेयक में “कर निर्धारण वर्ष” आ “पूर्व वर्ष” जइसन शब्दन के स्थान पs “कर वर्ष” जइसन सरलीकृत शब्द रखल जाई, जवन कि आयकर कानून के भाषा के सरल बनाई। एकरा संगही नया कानून से अनावश्यक प्रावधान आ स्पष्टीकरण हट जाई।
वित्त मंत्री अपना बजट भाषण में कइले रहली नया आयकर कानून के एलान
आयकर कानूनन के सरल बनावे खातिर नया कानून बनावे के एलान वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण एक फरवरी 2025 के अपना बजट भाषण में कइले रहली। एह विधेयक के केंद्रीय कैबिनेट के मंजूरियो मिल चुकल बा। लोकसभा में पेश हखे वाला नया आयकर विधेयक में 536 धारा बा। एमे 23 अध्याय बा आ ई 622 पन्नन के बा। एह विधेयक के पारित होखला के बाद नया आयकर कानून जादे बेवस्थित आ वर्तमान कानून के तुलना में सरल होई।
नया आयकर कानून में मूल्यांकन वर्ष के अवधारणा होई समाप्त
एक बार कानून बनला के बाद आयकर विधेयक 2025 छव दशक पुरान आयकर अधिनियम 1961 के जगह ली। पहिले के कानून समय के संगे आ अलग-अलग संशोधनन के बाद बहुते जटिल हो गइल बा, एहिसे एकरा जगह नया आयकर विधेयक ले आवल जा रहल बा। सरकार के ओर से प्रस्तावित नया कानून में, आयकर अधिनियम, 1961 में उल्लिखित ‘पिछले वर्ष’ (FY) शब्द के बदलके ‘कर वर्ष’ कs दिहल गइल बा। एकरा संगही, मूल्यांकन वर्ष (AY) के अवधारणा के समाप्त कs दिहल गइल बा।
नया कानून में कर निर्धारण वर्ष के अवधारणा होई समाप्त
वर्तमान में, पिछलका वर्ष (2023-24) में अर्जित आय के खातिर, कर का भुगतान निर्धारण वर्ष (2024-25) में कइल जाला। एह नया विधेयक में पिछलका वर्ष आ निर्धारण वर्ष के अवधारणा के हटा दिहल गइल बा आ सरलीकृत विधेयक में खाली कर वर्ष के बात कहल गइल बा। आयकर विधेयक, 2025 में 536 धारा सामिल बा, जवन वर्तमान आयकर अधिनियम, 1961 के 298 धारा से जादे बा। मवजूदा कानून में 14 गो अनुसूची बा जवन नया कानून में बढ़के 16 हो जाई।
पिछलका छव दशकन पुरान आयकर कानून में भइल बा कइयन गो बदलाव
हालांकि, नया आयकर विधेयक में वर्तमान कानून के जइसने अध्यायन के संख्या 23 रखल गइल बा। जबकि पृष्ठन के संख्या बहुते कम होके 622 हो गइल बा, जवन वर्तमान के भारी-भरकम अधिनियम के लगभग आधा बा। वर्तमान में जवन कानून अमल में बा, ओमे पिछलका छव दशकन के दौरान कइल गइल संशोधन सामिल बा। जब आयकर अधिनियम, 1961 ले आवल गइल रहे, तs एमे 880 पन्ना रहे।
Read Also: लखीमपुर खीरी में भीषण हादसा: गन्ना से भरल ट्रॉली में घुसल कार, 3 दोस्तन सहित 4 के मौत, तीन घायल