जामिया यूनिवर्सिटी के 14 गो छात्र हिरासत में लिहल गइले, कैंटीन बंद करा के भइल प्रदर्शन, तोड़फोड़ के आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2025

दिल्ली पुलिस विश्वविद्यालय प्रशासन के शिकायत पs सबेरे 6 बजे जामिया विश्वविद्यालय के 14 गो छात्र के हिरासत में लेले बिया। एs लोग पs आरोप बा कि उs लोग अपना विरोध के दौरान विश्वविद्यालय के

Share

जामिया यूनिवर्सिटी

दिल्ली पुलिस विश्वविद्यालय प्रशासन के शिकायत पs सबेरे 6 बजे जामिया विश्वविद्यालय के 14 गो छात्र के हिरासत में लेले बिया।

एs लोग पs आरोप बा कि उs लोग अपना विरोध के दौरान विश्वविद्यालय के कैंटीन के बंद कs देले रहले अवुरी ओकरा बहरी बईठ के लगातार विरोध करत रहले अवुरी काल्ह कैंटीन में तोड़फोड़ भी कईले रहले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

दरअसल, पीएचडी के दुगो छात्र 2019 में जामिया में पुलिस फायरिंग के सालगिरह मनावल चाहत रहले, बाकिर विश्वविद्यालय प्रशासन एकर अनुमति ना देलस, एकरा बावजूद छात्र अपना बाकी सहयोगी के संगे कार्यक्रम के आयोजन करत रहले, जवना के बाद विश्वविद्यालय के ओर से उनुका के शो काज नोटिस दिहल गईल, संतोषजनक जवाब ना मिलला के बाद विश्वविद्यालय एs छात्र के खिलाफ कार्रवाई करे के मूड में रहे जवना के ई विद्यार्थी ओहिजा हिंसक प्रदर्शन कइले.

विरोध प्रदर्शन के दौरान इs छात्र दु दिन पहिले एही विश्वविद्यालय के मेवाती छात्र ऑर्गेनाइजेशन के छात्र से भी झगड़ा कईले रहले, जवना के बाद पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज करवले रहे।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

फिलहाल विश्वविद्यालय प्रशासन आज एs 14 छात्र के विश्वविद्यालय परिसर से बाहर निकाल के पुलिस के हवाले कs देलस अवुरी पुलिस अबे एs लोग के हिरासत में लेले बिया। पुलिस विश्वविद्यालय में ना गईल।

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.