[the_ad_group id="30365"]

लखीमपुर खीरी में भीषण हादसा: गन्ना से भरल ट्रॉली में घुसल कार, 3 दोस्तन सहित 4 के मौत, तीन घायल

लखीमपुर खीरी में भीषण हादसा: गन्ना से भरल ट्रॉली में घुसल कार, तीन दोस्तन समेत चार के मौत, तीन घायल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीमपुर खीरी : निघासन थाना क्षेत्र में ढखेरवा निघासन स्टेट हाईवे पs हाजरा फार्म के लगे गन्ना से भरल ट्रॉली में कार घुस गइल। कार में सवार तीन दोस्तन के मवके पs मौत हो गइल। जबकि ट्रॉली के पंचर बना रहल एगो मिस्त्री के एह हादसा में जान चल गइल। तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। पुलिस घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल। शवन के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल।

निघासन कस्बा के पटेल नगर निवासी शिवसागर बतवलें कि उनकर 22 साल के बेटा दिग्विजय अपना दोस्तन के संगे कार से ढखेरवा रात सवा दस बजे जात रहे। हाजरा फार्म के लगे गन्ना से भरल दुगो ट्राली खड़ा रहली सs। पीछे से कार ट्रॉली में जा टकराइल, जवना से कार में सवार चौधरी पुरवा के संजय (24), रजनीश (19), लवकुश (23) निवासी लखहा के मवका पs मौत हो गइल।

पंचर ट्रॉली बना रहल सिंगाही निवासी अंसार (26) घायल अवस्था में अस्पताल ले आवल गइल। उहवां पs उनकर मौत हो गइल। कार में सवार चौधरी पुरवा के दिग्विजय (21), अरुण(19), रवि (24) निवासी घनश्याम पुरवा गंभीर रूप से घायल भइल बाडें। हादसा के बाद मृतकन के परिवार में कोहराम मचल बा। प्रभारी निरीक्षक महेश चंद्र आ सीओ महक शर्मा मवका मुआयना कइलें।

बर्थडे मानके दोस्त के छोड़े जात रहे लो घरे

निघासन के चौधरी पुरवा के दिग्विजय के बर्थडे पार्टी मनवला के बाद कार सवार जुवक देर रात आकेरा के छोड़े घरे जात रहे लो। मृतक रजनीश, लवकुश आ संजय में गहिराह मित्रता रहे। कार जब हाजरा फार्म पहुंचल तs उहवां गन्ना से भरल ट्रॉली खड़ा रहली सs, जवना में कार टकरा गइल। पंचर होखला के कारण ओकरा के बनावे खातिर सिंगाही के मिस्त्री अंसार आइल रहे। जोरदार टक्कर होखला के कारण कार के परखच्चा उड़ गइल। अंसार के मौत हो गइल। मानल जा रहल बा कि कार के रफ्तार तेज रहल होई।

Read Also: Share Market: शेयर बाजार में लवटल हरियाली; सेंसेक्स 200 अंक चढ़ल, निफ्टी में तेजी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]