[the_ad_group id="30365"]

Film review Main Raj Kapoor Ho Gaya:फिल्म ‘मैं राज कपूर हो गया’ राज कपूर के व्यक्तित्व के जिंदा क देले बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Film review Main Raj Kapoor Ho Gaya:फिल्म ‘मैं राज कपूर हो गया’ राज कपूर के व्यक्तित्व के जिंदा क देले बा

फिल्म ‘मैं राज कपूर हो गया’ एगो साधारण नायक के कहानी | जवन महान फिल्म निर्माता राज कपूर के फिलिमन में देखावल गइल बा|

फिल्म समीक्षा मैं राज कपूर हो गया : कवनो एक किताब या कवनो एक फिलिम में राज कपूर के सिनेमा जगत के कवर कइल संभव नइखे| बाकिर कवनो फिलिम के माध्यम से दुनिया के उनकर अद्भुत आ अनोखा रचना के याद दिआवल आ दर्शकन के चाहीं सोझा पेश कइल असंभव नइखे|

 

एह मान्यता के ध्यान में राखत अभिनेता निर्देशक मानव सोहल राज कपूर के सिनेमा के केंद्र में राखत अतना अद्भुत फिलिम बनवले बाड़न जवना के देख के रउरा भी बिना अचरज के ना रह पइब|

 

एगो साधारण नायक के कहानी

आजु देश भर के सिनेमा हॉल में रिलीज भइल मैं राज कपूर हो गया के कहानी दिग्गज फिल्म निर्माता राज कपूर के फिलिमन में सबसे साधारण हीरो के कहानी ह जवन एगो साधारण जिनिगी जियत बा, असाधारण परिस्थितियन के सामना करत बा आ नायक के रूप में उभरत ता |

 

अभिनेता-निर्देशक के मन में राज कपूर के गहिरा छाप

फिल्म के कहानी अउरी एकरा के बतावे के तरीका से साफ बा कि अभिनेता निर्देशक मानव सोहल के दिमाग में राज कपूर के छाप केतना गहरा बा। नदी के बहाव निहन फिल्म के कहानी स्थिर गति से चलेले अउरी अंत तक दर्शक के अपना बहाव में डूबल राखेले।

लाजवाब अभिनय बा

राज कपूर आ नरगिस के श्रद्धांजलि के रूप में ओह लोग जइसन किरदार निभावे वाला मानव सोहल आ श्रावणी गोस्वामी के अभिनय गजब के बा | मानव सोहल आ श्रावणी गोस्वामी के अलावा अरशीन मेहता, वीरेन्द्र सक्सेना, नाजिया हुसैन, कंचन पंधारे, अनंत जोग, साहिबा खुराना, जितेन मुखिया, स्मिता डोंगरे, उर्मिला शर्मा भी अपना-अपना भूमिका के बड़िया से कइले बाड़न जवना से फिल्म के अउरी इंट्रेसटिंग बनावत बा.

 

सिनेमा के 4 स्टार मिलल बा

अगर रऊवा भी राज कपूर आ उनकर मनमोहक सिनेमाई दुनिया के प्रशंसक बानी त मानव सोहल के प्रभावशाली आ मनमोहक फिलिम ‘मैं राज कपूर हो गया’ के बड़का परदा पर जरूर देखीं| ई फिलिम देखला के बाद रऊवा जरूर मंत्रमुग्ध होखले बिना नाही आएब| एह फिलिम के 4 स्टार रेटिंग दिहल गइल बा|

‘मैं राज कपूर हो गया’

कलाकार : मानव सोहल, श्रावणी गोस्वामी, वीरेंद्र सक्सेना, अर्शिन मेहता, नाज़िया हुसैन, कंचन पंधारे आदि

कहानी, गीत और निर्देशन: मानव सोहल

निर्माता : मुकेश शर्मा, मानव सोहल, अर्पित गर्ग

संगीत और पार्श्व संगीत : विद्युत गोस्वामी

रेटिंग – 4 स्टार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]