[the_ad_group id="30365"]

Bad Habbits : बॉलीवुड के इ अभिनेत्रियन के सिगरेट के लागल बुरा लत, लाख कोशिसन के बावजूदो ना छोड़ पवली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के हिरोइन लोग अपना दमदार अभिनय से लोगन के आपन दीवाना बना लेला लोग । लोग ओह लोग के खूबसूरती के साथ साथ उनकर एक्टिंग के भी मुरीद होला । कबो-कबो अपना किरदार के तनिक अउर ज्यादा बोल्ड देखावे खातिर अभिनेत्रियां फिल्मन में सिगरेट के कशो लगावत नजर आवेली। का आप जानेलीं कि बॉलीवुड के अइसन कई गो अदाकारा लोग बा , जे रील लाइफ में ही ना , बलुक असल जिंदगी में भी सिगरेट पीए के शवख राखेला लो भा एकरा के रावा एह तरे कही सकेनी कि ओह लोग सिगरेट पिए के बहुत बुरा लत लाग गईल बा |

आईं एह विशेष रिपोर्ट में जानल जाए ओह ख़ास अभिनेत्री लोग के बारे इ जेकरा “सिगरेट ” के लत बा 

रूपा गांगुली ,फोटो : सोशल मीडिया

रूपा गांगुली

सिगरेट पीये  के सबसे बुरा लत में सबसे पहिला नाव आवेला , ‘महाभारत’ के  ‘ द्रौपदी’ माने रूपा गांगुली के । एक्ट्रेस  ‘महाभारत’ में ‘द्रौपदी’ का किरदार निभवले रहली। रूपा स्मोकिंग के बहुते बड़का  शौकीन हई। एक्टिंग के दुनिया के  अलविदा कहि के रूपा अब राजनीति में आपन  कदम आजमा रहल  बाड़ी ।

कंगना रानावत फोटो: सोशल मीडिया

कंगना रनौत

बॉलीवुड के महारानी  माने कंगना रनौत एक्टिंग के साथ -साथ अपना बेबाक अंदाज खातिर भी जानल जाली। एक्ट्रेस अक्सरहां  मीडिया के सुर्खियन में  बनल रहेली  । अपना बेहतरीन एक्टिंग से कंगना अपना  किरदार में जान डाल देली । फिल्मन में रवा कंगना के  कई हाली सिगरेट के कश लगावत देखले जरुरे होखब  | एक्ट्रेस रियल लाइफ में भी सिगरेट के लत से जूझ रहल बाड़ी, कई हाली छोड़े के कोसिस के बादो उ छोड़ ना पवली ।

रानी मुखर्जी फोटो: सोशल मीडिया

रानी मुखर्जी

एक्टिंग के दुनिया में अपना अदाकारी से लोगन के आपन मुरीद बना लेबे  वाली एक्ट्रेस रानी मुखर्जी के भी सिगरेट पीये के  बड़ा बुरा लत बा । रानी के एह  बुरा आदत के वजह से उनका के कई हाली डांट फटकारो घर से मिलल बा , बाकिर उनकर ई आदत ना छूटेला |

तनूजा मुखर्जी फोटो: सोशल मीडिया

तनुजा

बॉलीवुड एक्ट्रेस तनुजा 70 के दशक के  दमदार एक्ट्रेस मानल जात रहलीं। एक्ट्रेस के  खूबसूरती के  बहुते लोग दीवाना रहलें  , बाकिर का राव सभे के पता बा  कि तनुजा के सिगरेट पीए  बहुत बुरा लत  बा । उ लोगन के सोझा सरेआम सिगरेट पीयत नजर अक्सरहां नजर आवे ली । बता दिहीं कि तनुजा कालोज आ तनीषा के  माई हई ।

तनिषा मुखर्जी फोटो : सोशल मीडिया

तनीषा मुखर्जी

अपना  माई तनुजा के लेखा  तनीषा के भी सिगरेट पीये के लत बा । तनीषा फिल्मन में कमें लउके ली , बाकिर  उनका सिगरेट पीए के बहुते  शवख  बा । एक्ट्रेस हिंदी सिनेमा के अलावा तमिल, तेलुगू, मराठी फिल्मन में भी नजर आवेली । तनीषा फिल्म ‘ तुम मिलो तो सही’, ‘सरकार राज’ ‘बी केयरफुल’ जईसन फिल्मन में काम कर चुकल बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]