Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CWG 2022: भारतीय महिला हॉकी टीम से संगे भइल अन्याय पर एफआईएच मंगलस माफी, पूरा घटना के होई समीक्षा

10,838

पेनल्टी शूटआउट के दौरान आपन पहिला प्रयास चूके वाली ऑस्ट्रेलिया के रोजी मेलोन के एगो अउरी मौका देहल गइल, काहेंसेकी स्कोरबोर्ड पर आठ सेकंड के उलटी गिनती शुरू नाइ भइल रहल। मेलोन दूसरा मौका मिलले पर नाई चूकली अउरी उ अपने टीम के बढ़त दिला देहली।

कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 में महिला हॉकी के सेमीफाइनल मैच के दौरान भारतीय टीम के संगे भइल बेईमानी पर एफआईएच माफी मंगलस। एह मैच में पेनल्टी शूटआउट के दौरान रेफरी के गलती के चलते ऑस्ट्रेलियाई टीम के पहिला गोल कइले दू मौका मिलल रहे। एह वजह से भारतीय टीम के हार के सामना करे के पड़ल। एकरे बाद एह मामला पर जमकर बवाल भईल अउरी अब एफआईएच पूरा मामले पर माफी मंगलस अउरी एह घटना के समीक्षा कइले के बात कहले बा।

पेनल्टी शूटआउट के दौरान अपना पहिला प्रयास चूके वाली ऑस्ट्रेलिया के रोजी मेलोन के एक अउरी मौका देहल गइल, काहेसेकि स्कोरबोर्ड पर आठ सेकंड के उलटी गिनती नाइ शुरू नाइ भइल रहल। मेलोन दूसरका मौका मिलले पर नाइ चुकली अउरी अपने टीम के बढ़त दिया देहली। एकर नतीजा ई भइल कि भारतीय खिलाड़ियन के मनोबल टूट गइल अउरी भारतीय टीम पेनल्टी शूटआउट में 3-0 से हार गइल।

का बोल एफआईएच

एफआईएच बयान में कहलस, ‘‘बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेल में ऑस्ट्रेलिया अउरी भारत के महिला टीम के बीच खेलल गईल सेमीफाइनल मैच के दौरान शूटआउट गलती से बहुत जल्दी शुरू हो गइल रहे (तब घड़ी चालू होखे खातिर तैयार नाइ रहल) जेकरे खातिर हमनी के माफी मांगत बानी जा।’’

बयान में आगे कहल गइल, ‘‘एह तरह के परिस्थिति में दोबारा पेनल्टी शूटआउट लेहले के प्रक्रिया ह अउरी अइसन कईल भी गईल। एफआईएच एह घटना के पूरा जांच करीं ताकि भविष्य में एह तरह के मसला से बचल जा सके।’’

306220cookie-checkCWG 2022: भारतीय महिला हॉकी टीम से संगे भइल अन्याय पर एफआईएच मंगलस माफी, पूरा घटना के होई समीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.