[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022: सेमीफाइनल में भारतीय महिला हॉकी टीम के साथ भइल’बेईमानी’, शूटआउट में बवाल, भारतीय कोच रेफरी से भिड़ली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 शूटआउट में भारतीय टीम का पलड़ा भारी मानल जात रहल, काहें से कि टीम इंडिया के गोलकीपर अउरी कप्तान सविता पूनिया के दुनिया की सबसे बेहतरीन गोलकीपर्स में से एक मानल जाला। ऑस्ट्रेलिया के टीम के शूटआउट के पहिला मौका दीहल गइल। ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ी ड्रिबल करतही जइसही भारत के गोलपोस्ट के पास पहुंचल, सविता बेहतरीन खेल देखावत उनके गोल नाइ करे देहली।

अगर ऑस्ट्रेलिया जइसन टीम के पहिलही शूटआउट में गोल कइसले से रोकल जाए, त एसे कौनो भी विपक्षी टीम का मनोबल बढ़s ला, लेकिन इहां कुछ उल्टा भइल जौन मैच के रुखवे बदल के रख देहलस। दरअसल, रेफरी टेक्निकल टीम के बिना देखलही शूटआउट चालू कइलें के फैसला क लिहलस, जबकि टेक्निकल टीम कब्बो हाथ गिराके एके शुरू कइलें के इशारा नाइ कइलें रहल।

शूटआउट शुरू होइतही टेक्निकल टीम के ऑफिशियल रेफरी के रोके के इशारा भी करेले, लेकिन तब ले ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ी गेंद के ले के आगे बढ़ चुकल रहे। बाद में जब टेक्निकल टीम के सदस्य रेफरी के ई बताबेने त रेफरी ओह शॉट के रिटेक लेबे खातिर कहेले।


रेफरी तुरंत बदलली फैसला

वी़डियो में देख सकत बानीं कि भारतीय टीम पहिले शूटआउट के बाद ऑस्ट्रेलिया के गोल नाइ कइलें पर जइसही जश्न मनावे लगेली ओइसही रेफरी भारतीय टीम के पास पहुंचली, अउरी उ कहली कि एह प्रयास के अमान्य मानल जाई, काहेसेकि जौन आठ सेकेंड के समय दिहल जाला, ऊ टाइमर शुरूए नाइ होला। इसके बाद मैदान पर भारतीय टीम के कोच शोपमैन अउरी बाकी खिलाड़ी रेफरी से बहस भी करत दिखली कि इसमें टीम इंडिया के का गलती बा।
https://twitter.com/Send4Singh/status/1555688816031186945?t=3sknWbN0H6FqqW0Kaqh5nQ&s=19
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]