[the_ad_group id="30365"]

FIFA वर्ल्ड कप: आजु तीन मुकाबिला, ईरान-इंग्लैंड में भिड़ंत, नीदरलैंड के टक्कर सेनेगल से अउर वेल्स के सोझे होई अमेरिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फुटबॉल विश्व कप में सोमार (21 नवंबर) के तीन मुकाबिला खेलल जाई। ग्रुप बी में इंग्लैंड के टीम साँझ 6:30 बजे से ईरान के खिलाफ खेली। उहवें, ग्रुप-ए में नीदरलैंड के सामना अफ्रीकन कप चैंपियन सेनेगल से होई। ई मुकाबला रात 9:30 बजे शुरू होई। दिन के तीसरा अउर आखिरी मैच देर रात 12:30 बजे से ग्रुप-बी में अमेरिका अउर वेल्स के बीच खेलल जाई।
इंग्लैंड के टीम सोमार के जब ग्रुप बी में फीफा विश्वकप के मैच में ईरान के सामना करी त ऊ ईरान के हल्का में लेबे के गलती नाइ करी। एह मैच में जीत के दावेदार इंग्लैंड के मानल जा रहल बा अउर कोच गैरेथ साउथगेट के टीम एह मैच के बड़ अंतर से अपने नाम कइल चाही, लेकिन ईरान के लग्गे उनके कोच कार्लोस क्वीरोज बानें जौन सर एलेक्स फर्ग्यूसन के सहायक कोच रह चुकल बानें। क्वीरोज अपने टीम के इहां ले लेके आइल बानें अउर ऊ बड़ टीम पर आपन छाप छोड़ल चहिहें।
हैरी केन

आज के तीनो मैच कब अउर कहां

मैच मैदान समय
इंग्लैंड बनाम ईरान खलीफा इंटरनेशनल स्टेडियम साँझ 6:30 बजे
नीदरलैंड बनाम सेनेगल अल थुमामा स्टेडियम रात 9:30 बजे
अमेरिका बनाम वेल्स अल रयान स्टेडियम रात 12:30 बजे
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]