[the_ad_group id="30365"]

Nerherlands vs Senegal Fifa World Cup 2022: नीदरलैंड के जीत से आगाज, कांटा के टक्कर में सेनेगल के देलस मात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फीफा वर्ल्ड कप 2022 के चउथा मुकाबला में सेनेगल के सामना नीदरलैंड से भइल। सोमार के (21 नवंबर) के अल थुमामा स्टेडियम में भइल ग्रुप-ए के एगो मुकाबला में नीदरलैंड सेनेगल के 2-0 से पराजित कइलस।

नीदरलैंड के जीत के हीरो फॉर्वर्ड कोडी गेक्पो आ सबस्टीट्यूट प्लेयर डेवी क्लासेन रहल लो। दुनो खेलाड़ी मैच में नीदरलैंड के खातिर एक-एक गोल दागल लो।

 

 

पहिला हाफ में भइल जोरदार टक्कर

पहिला हाफ में दुनो टीम एको गो गोल ना कs पाइल। हालांकि सेनेगल के गोल करे खातिर हाफ में डच टीम के तुलना में कइयन गो मवका मिलल। एह दौरान सेनेगल के एक-दु शॉट टारेगट पs रहल बाकिर गोलकीपर सानदार बचाव करत सेनेगल के निराश कs देले। नीदरलैंडो गोलपोस्ट के ओर बहुते शॉट लगवलस बाकिर ओकर एको शॉट टारगेट पs ना रहल। माने पहिला हाफ 0-0 से बराबर रहल रहे।

दूसरा हाफ के अंतिम में सेनेगल खोवलस मोमेंटम

दूसरको हाफ में सुरुआती 33 मिनट तक दुनो टीम गोल ना कs पाइल रहे। तब अइसन लागत रहे कि मुकाबला गोलरहित ड्रॉ पs छूट सकत बा। बाकिर कोडी गेक्पो के इरादा कुछ आअरे रहे। नतीजतन मैच के 84वां मिनट में कोडी गेक्पो गोल कs देलें। ऊ फ्रैंकी डी जॉन्ग के एगो बेहतरीन क्रॉस पs हेडर के जरिए गोल दगले। एह झटका से सेनेगल के टीम उबर ना सकल। इंजरी टाइम के आखिरी मिनट में सबस्टीट्यूट प्लेयर डेवी क्लासेन सानदार गोल कsके सेनेगल के हार के अंतर तनिका बड़s कs देले।

ई रहे दुनो टीमन के स्टार्टिंग इलेवन:

सेनेगल: एडुआर्ड मेंडी (गोलकीपर), यूसुफ सबली, कालिदौ कौलीबेली (कप्तान), पपे अबू सिसे, अब्दौ डियालो, इद्रिस गयूए, नम्पालिस मेंडी, चीखौ कुएते, क्रेपिन दत्ता, बौले दीया, इस्माइला सर्र।

नीदरलैंड: एंड्रीज नोपर्ट (गोलकीपर), मैथिस डी लिग्ट, वर्जिल वान डाइक (कप्तान), नाथन एके, डेनजेल डैम्फ्रीज, स्टीवन बरघुस, फ्रेंकी डी जॉन्ग, डेली ब्लाइंड, स्टीवन बर्गवाइन, विंसेंट जानसेन, कोडी गेक्पो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]