[the_ad_group id="30365"]

FIFA World Cup 2022: Ecuador के 8 मैच पहिले मिलल आखिरी हार,

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Qatar Vs Ecuador: फीफा विश्व कप 2022 (FIFA World Cup 2022) में पहिला मुकाबला कतर आ इक्वॉडोर (Qatar Vs Ecuador) के बीच खेलल गइल। एह मैच के जीतके इक्वॉडोर विजई सुरुआत कइले बा।

ई लगातार आठवां मैच हs, जब इक्वॉडोर के टीम जीत हासिल कइलस भा फेर मैच बराबरी पs छूटा होखे। आखिरी बार इक्वॉडोर के आठ मैच पहिले पराग्वे के हाथन हार झेले के पड़ल रहे। इक्वॉडोर के तब पराग्वे से 1-3 से हार झेले के पड़ल रहे। ऊ मैच 25 मार्च 2022 के खेलल गइल रहे। तब से इक्वॉडोर (Ecuador Football Team) के टीम अविजित रहल बिया।

पराग्वे से मिलल हार के बाद से अविजित बा इक्वॉडोर

इक्वॉडोर पराग्वे से मिलल हार से उबरत अर्जेंटीना के संगे 1-1 के बराबरी के मुकाबला खेलले रहे। ऊ मुकाबला 30 मार्च के भइल रहे। एकरा बाद इक्वॉडोर के मुकाबला नाइजीरिया से 3 जून के भइल रहे। जवना के इक्वॉडोर 1-0 से जीतले रहे। नाइजीरिया के अफ्रीकन फुटबॉल के पॉवरहाउस मानल जाला। एकरा बाद इक्वॉडोर 6 जून के मैक्सिको के साथे 0-0 से बराबरी के मैच खेलल तs 12 जून के केप वेर्डे के 1-0 से हरवलस।

पिछिला 3 मुकाबला 0-0 से रहल रहे ड्रॉ

इक्वॉडोर एकरा बाद तीन मुकाबला 0-0 से बराबरी के खेलल रहे। जेमे 23 सितंबर के सउदी अरब के संगे मुकाबला बराबरी पs छूटल रहें। ओहिजा, जापान के संगे 27 सितंबर के बराबरी के मुकाबला रहल रहे। तs ईरानो ओकरा के 0-0 से बराबरी पs रोकले रहे। एह वर्ल्ड कप में इक्वॉडोर के ग्रुप ए में रखल गइल बा, जेमे नीदरलैंड के संगे 25 नवंबर के मुकाबला बा, तs सेनेगल के साथे 29 नवंबर के मैच बा। ग्रुप ए में इक्वॉडोर, कतर, नीदरलैंड आ सेनेगल के टीम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]