[the_ad_group id="30365"]

कुसम्ही जंगल में मिलल जुवक के शव, शरीर के आधा हिस्सा खा चुकल रहले जानवर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दु गो अलग अलग थाना क्षेत्रन में दु जुवकन के शव सनिचर के मिलल। सूचना पs पहुंचल पुलिस दुनों के पहचान के कोशिश कईल बाकिर सफलता ना मिलल। पुलिस शवन के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

खोराबार के कुसम्ही जंगल में मिलल शव खाली गोड़ मिलल

खोराबार के कुसम्ही जंगल में बुढ़िया माता मंदिर के लगें ल झाड़ी में एगो 30 बरिस के जुवक के शव मिलल। बता दीं कि शव के आधा हिस्सा जानवर खा चुकल रहले सs। ओकर खाली दुनों गोड़ बरामद भइल बा। उ बुलु रंग के जींस आ करिया रंग के चमड़ा के जूता पहिनले रहे। जुवक के पहचान नईखे भइल। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

एकरा पहिलहु कंकड़हिया रोड के किनारे जंगल में एगो जुवक के लाश मिलल रहे। एकरा संगे-संगे बुढ़िया माता मंदिर से कुछ दूरी पs एगो महिला के लाश मिलल रहे। बाकिर चार महीना बादो पुलिस ओकर पहचान नईखे कs सकल।

गुलरिहा के भटहट कस्बा के लगे इस्थित करबला के मैदान में सनिचर के सबेरे 40 साल के जुवक के लाश मिलल। ओकर पहचान ना हो पावल। लोग के मोताबिक जुवक उहां अक्सर घूमत रहे। ओकर मानसिक हालत ठीक ना रहे।

एसओ गुलरिहा उमेश कुमार वाजपेयी बतवले कि पंचनामा कईला के बाद लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज दिहल गईल बा। मंदबुद्धि भटहट बाजार में घूमत रहे, बाजार के लोग ओकरा के खाना देत रहे जवन आजु मरल मिलल बा। ओकरा लगे ओकर खाना राखल थाली मिलल बा। रिपोर्ट अइला के बादे पता चल पाई कि मृत्यु के कारण का बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]