[the_ad_group id="30365"]

‘चाचा’ इफ्तिखार जड़लें एह वर्ल्ड कप के सबसे लमहर छक्का, सोशल मीडिया पर आइल मीम्स के बाढ़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान टी20 वर्ल्ड कप में जबरदस्त वापसी कइले बानें। ऊ ट्रॉफी जीतले के दावेदार मानल जा रहल दक्षिण अफ्रीका के टीम के डकवर्थ लुईस नियम के तहत 33 रन से हरा दिहलें। एह जीत से पाकिस्तान के टीम सेमीफाइनल में पहुंचले के रेस में बनल बा। उहवें, दक्षिण अफ्रीका पर बाहर होखले के खतरा मंडराए लागल बा। ग्रुप दू में पाकिस्तान के टीम फिलहाल चार मैच में चार अंक के साथ तीसरे स्थान पर बा। उहवें दक्षिण अफ्रीका के टीम चार मैच में पांच अंक के साथ दूसरे स्थान पर बा। भारतीय टीम चार मैच में छह अंक के साथ ग्रुप दू में शीर्ष पर बा।

अब भारत के जिम्बाब्वे से ग्रुप स्टेज के आखिरी मैच खेले के बा। अगर टीम इंडिया ई मैच जीतsता त ग्रुप दू में शीर्ष पर रहते सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई करी। उहवें, अगर टीम हारतिया त ओकर अउर पाकिस्तान के बीच नेट रन रेट के खेल आई। हालांकि, एकरे खातिर पाकिस्तान के बांग्लादेश के खिलाफ आपन आखिरी ग्रुप स्टेज के मैच जीते के होई। उहवें, दक्षिण अफ्रीका के हर हाल में नीदरलैंड के खिलाफ आपन आखिरी ग्रुप स्टेज मैच जीते के होई। अगर दक्षिण अफ्रीका के टीम हारतिया अउर पाकिस्तान बांग्लादेश के हरावे में कामयाब रहsता त पाक टीम सेमीफाइनल में पहुंच जाई।

Image
दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ मैच में पाकिस्तान 20 ओवर में नौ विकेट पर 185 रन बनवलें। बाबर आजम अउर मोहम्मद रिजवान एक बेर फिर फेल रहलें। एकरे बाद इफ्तिखार अहमद अउर शादाब खान के पारी पाकिस्तान के बड़ स्कोर ले पहुंचवलें। इफ्तिखार  51 रन के पारी खेललें। उहवें शादाब 52 रन बनवलें। इफ्तिखार के एह वर्ल्ड कप से पहिले खूब आलोचना होत रहल। उनके उमिर के वजह से उनकर मजाक उड़ावल जात रहल। हालांकि, ऊ एह वर्ल्ड कप में अपने प्रदर्शन से आलोचक लोग के करारा जवाब दिहले बानें।

दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ भी इफ्तिखार कई शानदार शॉट्स लगवलें। ऊ 106 मीटर लंबा छक्का भी लगवलें, जौन कि एह वर्ल्ड कप में अब ले के सबसे लमहर छक्का ह। एह मामले में ऊ दक्षिण अफ्रीका के डेविड मिलर के 104 मीटर लमहर छक्का के पीछे छोड़लें। मिलर ई छक्का भारत के खिलाफ लगवले रहनें। इफ्तिखार के अइसन करतही सोशल मीडिया पर ‘इफ्तिखार चाचा’ ट्रेंड करे लागल। एह पर कई मीम्स भी शेयर कइल गइल।
पाकिस्तान के 186 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल दक्षिण अफ्रीका के टीम कुछ खास नाइ कs पवलस। बारिश की वजह से मैच के 14 ओवर के कs दिहल गइल रहे अउर दक्षिण अफ्रीका के 142 रन के संशोधित लक्ष्य मिलल। दक्षिण अफ्रीका के टीम 14 ओवर में नौ विकेट पर 108 रन ही बना पवलस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]