[the_ad_group id="30365"]

फेसबुक के नयका प्रयोग, अब AI फेस स्कैनिंग के मदद से पता चल सकी यूजर्स के उमिर, एकरे खातिर होई इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के स्वामित्व वाली फेसबुक अपने सर्विस के बढ़ावे ख़ातिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस फेस स्कैनर के नया प्रयोग करे जा रहल बा। मेटा सोमार के घोषणा कs के बतवलें कि कंपनी अपने फेसबुक डेटिंग सर्विस पर AI फेस स्कैनिंग टेक्नोलॉजी के मदद से यूजर्स के उमिर के पता लगइहें ताकि प्लेटफॉर्म के सर्विस यूजर्स के उनकर एज वेरिफाई करे के परमिशन मिल सकी। दरअसल, कंपनी 18 साल से कम उमिर के यूजर्स के फेसबुक डेटिंग सर्विस से दूर रखे खातिर ई कदम उठवले बा।

अइसे कs सकल जाई एज वेरिफाई

मेटा एक ब्लॉग पोस्ट में घोषणा करत कहनें कि ई फेसबुक डेटिंग पs यूजर्स के उमिर के ले के कंपनी के यूजर के 18 वर्ष से कम उमिर के ले के शक होला त उ यूजर्स के आपन उम्र वेरिफाई करे खातिर प्रेरित करी। फेसबुक पs उमिर वेरिफाई करे खातिर आप सेल्फी के मदद ले सकतनीं। यानी आप के सबसे पहिले फेसबुक पर एज वेरिफाई वाले ऑप्शन में जाईं, अउर उहां आपन सेल्फी वीडियो शेयर करे के बा।

अब फेसबुक एके आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस फेस स्कैनर के मदद से वेरिफाई करी अउर आपके एकर रिजल्ट मिल जाई। मेटा के अनुसार एके थर्ड पार्टी बिजनेस के संगे शेयर कs सकsताने, आपन आईडी के एगो कॉपी अपलोड कs सकsता। मेटा के अनुसार, कंपनी Yoti यूजर्स के पहचान कइले बिना उनकर उम्र निर्धारित करे खातिर चेहरा के संकेत के उपयोग करsतिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]