[the_ad_group id="30365"]

एपल के इलेक्ट्रिक कार के लॉन्च अउर कीमत पs आइल बड़ जानकारी, जानीं कंपनी का कहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिकी कंपनी एपल के ओर से इलेक्ट्रिक कार लवले के तैयारी हो रहल बा। कंपनी कार के लॉन्च अउर कीमत पs बड़ अपडेट दिहले बा। कंपनी के ओर से बतावल गइल बा कि कार के कब पेश कइल जाई अउर कौने कीमत पर कार के खरीदल जा सकी।

कब आई एपल के इलेक्ट्रिक कार

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक एपल के ओर से इलेक्ट्रिक कार के प्रोजेक्ट पर लमहर समय से काम कइल जा रहल बा। कंपनी के ओर से प्रोजेक्ट के नाम टाइटन रखल गइल बा। एपल टाइटन के ले के कंपनी के ओर से बड़ घोषणा कइल गइल बा। कंपनी कहलस कि कार के अब 2026 ले पेश कइल जा सकsता। एहसे पहिले कार के 2025 ले लॉन्च करे के उम्मीद कइल जा रहल बा।

का बा देरी के कारण

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक एपल के एह प्रोजेक्ट के आयोजकन के मानल बा कि बिना स्टेयरिंग अउर पैडल वाली सेल्फ ड्राइविंग कार के तैयार कइल अभिन के समय में संभव नइखे। अइसे में एह तरह के कार के तैयार कइले में अभिन अउर समय लग सकsता। एकरे अलावा कंपनी इहो नइखे चाहsत कि टेस्ला के तरे उनकर कार में लॉन्च के बाद सेल्फ ड्राइविंग के नयका तकनीक के चलते कौनो बड़ परेशानी आवे।

का होई कीमत

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक एपल के पहिला इलेक्ट्रिक कार के कीमत करीब एक लाख अमेरिकी डॉलर के आस-पास हो सकsता। ई भारतीय मुद्रा में करीब 82 लाख रुपया से तनी बेसी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]