[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp लइलस कमाल के फीचर, अब वीडियो कॉलिंग के दौरानो कs सकल जाई मल्टीटास्किंग, अइसे करी काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के स्वामित्व वाला इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म व्हाट्सएप यूजर्स एक्सपीरियंस के बेहतर करे खातिर लगातार नयका-नयका फीचर्स अउर अपडेट जारी क रहल बा। अब व्हाट्सएप वीडियो कॉलिंग के दौरान मल्टीटास्किंग के सक्षम बनावे खातिर पिक्चर-इन-पिक्चर मोड ले के आइल बा। एह फीचर के मदद से व्हाट्सएप वीडियो कॉलिंग के दौरानो अन्य एप के इस्तेमाल कइल जा सकी। फिलहाल एह फीचर के टेस्ट कइल जा रहल बा। बता देईं कि हलही में व्हाट्सअप बीटा टेस्टिंग खातिर कॉन्टैक्ट कार्ड शेयर फीचर जारी कइले बा।

व्हाट्सएप के अपकमिंग फीचर के ट्रैक करे वाली वेबसाइट्स WAbetaInfo नयका फीचर के बारे में जानकारी दिहले बा। WAbetaInfo के मुताबिक एह फीचर के वीडियो कॉलिंग एक्सपीरियंस के बढ़ावे खातिर लावल जा रहल बा। पिक्चर-इन-पिक्चर मोड फीचर्स के मदद से यूजर्स वीडियो कॉलिंग करत में रउआ दूसर एप के इस्तेमाल कs सकब।

यानी रउआ पिक्चर-इन-पिक्चर में अन्य एप के स्क्रीन पर वीडियो कॉलिंग के जारी रख सकतनीं। सीधे शब्दन में कहल जाव त एह फीचर के मदद से यूजर्स वीडियो कॉलिंग के दौरानो मल्टीटास्किंग क सकब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]