[the_ad_group id="30365"]

चेहरा के झाई से हेरा गइल बा स्किन के ग्लो त लगाईं रात के समय ई तेल, झाई हो जाई दूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झाई स्किन पर मेलानिन जमा होखले से नजर आवे लागsला। धूप से स्किन के भइल डैमेज, एजिंग, जेनेटिक्स, हार्मोन चाहे फिर नुकसान पहुंचावे वाले स्किन केयर प्रोडक्ट्स इस्तेमाल कइले पर झाई (Pigmentation) के दिक्कत हो सकsता। ई एगो अइसन त्वचा संबंधी दिक्कत बा जेसे बहुते महिला लोग जूझेली। इहां अइसन तेल के बारे में बतावल जा रहल बा, जेके घर पर बना के लगावल जा सकsता। एह तेल के असर त्वचा से झाई समेत अन्य दाग-धब्बा हटवलहूँ में नजर आवsला।

चेहरा से झाई दूर करे खातिर आपके बादाम के तेल (Almond Oil) के सथही विटामिन ई कैप्सूल के जरूरत होई। कई स्टडीज में सोझे आइल बा कि विटामिन ई (Vitamin E) पिग्मेंटेशन के कम करे में असरदार बा। अइसे में एह दिक्कत के दूर करे खातिर एक कटोरी में बादाम के तेल लेईं। एहमें एक विटामिन ई के कैप्सूल मिला लेईं। निम्मन से मिक्स कइले के बाद एह तेल के रात के समय चेहरा पर लगाईं अउर रातभर लगा के रखीं। हफ्ता में 2 से 3 बेर एह नुस्खा के अपनाईं। आप के असर नजर आवे लागी।

इहो नुस्खा करी काम

  • झाई हटवले खातिर बादाम के तेल के अलावो कुछ नुस्खा निम्मन असर देखावsला। खीरा के रस के भी चेहरा पs लगावल जा सकsता। एके लगवले के कुछ देर बादे चेहरा धो लेईं।
  • झाइयन के दूर कइले में आलू के रस निम्मन असर देखावsला। एकरे खातिर आलू घिस के ओके निचौडीं अउर रूई से झाइयन पर लगाईं। 10 से 15 मिनट रखले के बाद चेहरा साफ पानी से धो लेईं।
  • पपीता (Papaya) झाइयन के कम कइले में असरदार बा। एके लगावे खातिर पाकल पपीता के गूदा ले के चेहरा पर लगाईं। एके हलुके हाथ से मतल में छुड़ा लेईं। ई स्किन के एक्सफोलिएट कइले में असरदार बा।
  • ज्यादा से ज्यादा पानी पीं। एहसे स्किन के पर्याप्त हाइड्रेशन मिलsला, जेसे झाइयन चाहे दाग-धब्बा दिक्कत कम हो जाला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]