[the_ad_group id="30365"]

Corona Alert: चीन समेत कई देसन में कोरोना के बढ़त ममिलन पs सरकार सतर्क, मंडाविया आज करिहें अहम बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में कोरोना एक बेर फेर से कोहराम मचा के रखले बा। कइयन गो दोसरो देसन में कोरोना के ममिला बढ़ल बा। एही बीच देस में केंद्र सरकार सतर्कता बढ़ा देले बिया। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया बुध के महामारी के इस्थिति के समीक्षा करिहें।

एही बीच केंद्रीय स्वास्थ्य सचिव राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के एगो चिट्ठी लिखले बाड़े। एमे कहल गइल बा कि जापान, संयुक्त राज्य अमेरिका, कोरिया, ब्राजील आ चीन में ममिलन में अचानक तेजी के देखत देस में आवे वाला पॉजिटिव केसन के सैंपलन के जीनोम सिक्वेंसिंग करावल जरूरी बा। भारतीय SARS-CoV-2 जीनोमिक्स कंसोर्टियम (इंसाकॉग) नेटवर्क के माध्यम से कोरोना के खतरनाक वैरिएंट के ट्रैक करे खातिर अइसन कइल जरूरी बा।

केंद्रीय स्वास्थ्य सचिव के मोताबिक, सब राज्यन से ई सुनिश्चित करे के अनुरोध कइल जात बा कि जहां तक संभव होखे सब कोरोना पॉजिटिव ममिला के नमूना दैनिक आधार पs INSACOG जीनोम सीक्वेंसिंग प्रयोगशालन (IGSLs) के भेजल जाव। सब राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन खातिर एह प्रयोगशालन के मैप कइल गइल बा।

भारत में फिलहाल हालात सामान्य

कोरोना से जुड़ल आंकड़न के देखल जाव तs पिछला हफ्ता संक्रमण के चलते देसभर में 12 मौत दर्ज कइल गइल बा। पिछला तीन दिनन से एको मौत के ममिला सामने नइखे आइल। मार्च 2020 के बाद रोज होखे वाला मृत्यु के ममिला में ई सबसे कम बा। कोरोना के ममिलन के बात करी तs पिछला हफ्ता कोरोना के 1103 नया ममिला दर्ज कइल गइल बा। ई पहिला लॉकडाउन 23-29 मार्च, 2020 के बाद से सबसे कम बा। तब 736 नया ममिलन के पता चलल रहे, जवना के बाद अगिला सप्ताह ई आंकड़ा बढ़के 3,154 पहुंच गइल रहे। आंकड़न के मोताबिक, बीतल हफ्ता सप्ता (दिसंबर, 12-18) में पिछला सात दिनन में कोरोना के ममिलन में 19% के गिरावट देखल गइल बा।

चीन के इस्थिति पs नजर राखल जरूरी: डॉ अरोड़ा

एनटीएजीआई के चेयरमैन डॉ एनके अरोड़ा कहलें, ई महत्वपूर्ण बात बा कि हमनी चीन के इस्थिति पs कड़ा निगरानी रखीं। बाकिर घबराये के कवनो बात नइखे। सिस्टम बहुत चौकस बा, हमनियो के सतर्क रहला के जरूरत बा। जहां तक जीनोमिक सर्विलांस के सवाल बा, ई सबसे महत्वपूर्ण हिस्सा बा, हमनी के लक्षणन वाला व्यक्तियन के जीनोमिक सर्विलांस कर रहल सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]