[the_ad_group id="30365"]

यूपी के तर्ज पs दिल्ली में बनी ‘एंटी-ईव टीजिंग स्क्वाड’

एंटी-ईव टीजिंग स्क्वाड
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी दिल्ली में महिला सुरक्षा एगो बड़ मुद्दा बनल बा।  अइसना में अब यूपी के एंटी रोमियो दस्ता के तर्ज पs दिल्ली में भी एंटी ईव टीजिंग स्क्वाड बनावल जाई।  पुलिस आयुक्त भी एs संबंध में विज्ञप्ति जारी कईले बाड़े।  एह दस्ता के नाम “शिष्टाचार दस्ता” होखी.  एकरा तहत दिल्ली के हर जिला में 2 दस्ता तैनात होई।  एहमें एसीपी क्राइम अगेंस्ट वीमेन स्क्वाड के प्रमुख होखीहें.  हर दस्ता में एक निरीक्षक, एक उप निरीक्षक आ 8 गो सिपाही आ हेड कांस्टेबल होखीहें जवना में 4 गो महिला पुलिसकर्मी शामिल बाड़ी.

यूपी में एंटी रोमियो स्क्वाड के गठन भइल

एकरा संगे-संगे स्पेशल यूनिट के एगो पुलिसकर्मी ए दस्ता के संगे तकनीकी सहायता खाती रहीहे।  एंटी ईव टीजिंग दस्ता में गाड़ी अवुरी दुपहिया गाड़ी भी होई।  एह दस्ता के सगरी संवेदनशील इलाका में तैनात कइल जाई.  दस्ता में तैनात पुलिसकर्मी सादा कपड़ा में होईहे।  दस्ता के लोग सार्वजनिक परिवहन के जांच भी करीहे अवुरी पीड़ित लोग के शिकायत दर्ज करावे खाती प्रेरित करीहे।  आरडब्ल्यूए आ स्थानीय स्वयंसेवकन के संपर्क में भी रहीहें, ताकि संवेदनशील जगहन के बारे में जानकारी मिल सके।  हर हफ्ता दस्ता एगो अभियान चलावेला जवना के रिपोर्ट वरिष्ठ अधिकारियन के देबे के पड़ी.

यूपी में एंटी रोमियो स्क्वाड के गठन भइल

बता दीं कि उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी के सरकार बनला के बाद योगी आदित्यनाथ के सीएम बनावल गइल.  एकर सीएम योगी 2017 में ही एंटी रोमियो स्क्वाड बनावे के फैसला कईले रहले ताकि बदमाश के खिलाफ कार्रवाई कईल जा सके।  एकर मकसद राज्य भर में स्कूल-कॉलेज के बहरी लईकिन के संगे छेड़छाड़ पs लगाम लगावल रहे।  एह दस्ता के तहत हर थाना में विशेष दस्ता बनावल गईल।  एकरा अलावे एंटी रोमियो दस्ता में महिला पुलिसकर्मी के भी तैनाती कईल गईल रहे।  एह दस्ता के काम रहे कि मेहरारूवन से छेड़खानी करत लोग के पकड़ के ओह लोग का खिलाफ कार्रवाई कइल जाव. अब एकरा के ध्यान में राखत दिल्ली में भी एंटी ईव टीजिंग स्क्वाड बनावे के कोशिश कईल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]